[the_ad_group id="30365"]

तजिंदर बग्गा के गिरफ्तारी पs बवाल: भाजपा नेता के लेके लवटल दिल्ली पुलिस; आप के दफ्तर के बाहर भाजपा के जोरदार प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली भाजपा के नेता तजिंदर बग्गा के हरियाणा पुलिस दिल्ली पुलिस के सउप देलस। दिल्ली पुलिस बग्गा के लेके दिल्ली पहुंच गइल बिया। बग्गा के पंजाब पुलिस सुक के भोरे दिल्ली से गिरफ्तार कइले रहे। बग्गा के मोहाली कोर्ट में पेश करे ला पंजाब ले जाइल जात रहे। आधा रस्ता में पंजाब पुलिस के गाड़ी के हरियाणा पुलिस कुरुक्षेत्र में रोक लेलस। ओने, भाजपा कार्यकर्ता आम आदमी पार्टी के दफ्तर के बाहर जोरदार प्रदर्शन कर रहल बा लो। उहवां पुलिस बैरिकेड्स लगवले बिया। भाजपा कार्यकर्ता बैरिकेड्स लांघकर आप के दफ्तर में घुसे के कोसिस कs रहल बा लो।

दिल्ली पुलिस द्वारा बग्गा के साथ में ले जइला के खिलाफ पंजाब सरकार हाईकोर्ट में पिटीशन दायर कs देले बिया। सुनवाई के दौरान पंजाब सरकार मांग कइलस कि बग्गा के दिल्ली जाए से रोकल जाव। उनका के हरियाणा में राखल जाव। हाईकोर्ट एह मांग के ठुकरा देलस। दिल्ली आ हरियाणा पुलिस पंजाब पुलिस के कवनो अफसर के डिटेन करे से इनकार कइलस। एह ममिल में हाईकोर्ट आज साँझ ले दुनो के ऐफिडेविट फाइल करे ला कहले बा।

कुरुक्षेत्र से तजिंदर बग्गा को लेकर जाती दिल्ली पुलिस
कुरुक्षेत्र से तजिंदर बग्गा के लेके लेकर जात दिल्ली पुलिस

पंजाब सरकार हरियाणा पs गलत तरीका से पंजाब पुलिस के रोके के बात कहलस, जवना के जवाब में हरियाणा सरकार कहलस कि दिल्ली पुलिस के लगे दिल्ली कोर्ट के बग्गा के तलासे के सर्च वारंट रहे। ओह लो के मैसेज के बादे बग्गा आ पंजाब पुलिस के कुरुक्षेत्र में रोकल गइल। एही आधार पs रोकल गइल।  गया। दिल्ली पुलिस के कहनाम रहे कि दिल्ली कोर्ट बग्गा के तलासे के सर्च वारंट जारी कइलस। जेकरा बाद कोर्ट के बतावल गइल कि बग्गा के लोकेशन हरियाणा के कुरुक्षेत्र में थानेसर के आ रहल बा।

दिल्ली पुलिस को सौंपने के बाद तजिंदर बग्गा ने इस तरह विक्ट्री साइन दिखाया
दिल्ली पुलिस के सवपला के बाद तजिंदर बग्गा एह तरे विक्ट्री साइन दिखवले

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]