Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिका के मशहूर यूट्यूब स्टार एम्मा चैम्बरलेन मेट गाला में एगो खास हार पहिन के गइल रहली, उनुकर मनसा वाहवाही लुटे के रहे, बाकिर सोशल मीडिया पs ए हार के लेके हंगामा मच गइल

513

मेट गाला 2022 : मेट गाला 2022 में एम्मा चैम्बरलेन भारतीय राजा के हीरा के हार पहिनले रहली हs, सोशल मीडिया पs जम के हल्लागुली भइल हs। अबहीं न्यूयॉर्क शहर में चल रहल मेट गाला 2022 सउँसे संसार के आकर्षण के केंद्र बनल बा। एहमें आइल सेलेबियन आ ओह लोग के फयशन जनता के ध्यान अपना ओर खींचे में लागल बा। अबले किम कार्दशियन मर्लिन मुनरो के पहिनावा पहिन के सुर्खी बटोरले रहली हs, बाकिर हाले में अमेरिकी यूट्यूब के मशहूर स्टार एम्मा चैम्बरलेन खुबे गरदा मचवले बाड़ी अवुरी उनुका के पीछे छोड़ देले बाड़ी। चरचा के कारण उनुकर पहिनल हार बा, जवन भारत से जुड़ल बा। हम बता रहल बानीं कि एह हार के एतना चरचा काहें हो रहल बा।

पटियाला के महाराज के हार रहे ई

असल में एम्मा जवन हीरा के हार पहिनले रहली उ कबो पटियाला के महाराजा भूपिंदर सिंह के रहे। हालांकि एम्मा अपना सभ सोशल मीडिया अकाउंट में हीरा के मुकुट अवुरी झुमका के संगे अपना एंटीक गहना खाती कार्टियर के श्रेय देले बाड़ी।

जान लिहिं एह हार के इतिहास

पटियाला के महाराजा भूपिंदर सिंह के लगे डी बियर्स हीरा रहे अवुरी उ इ हीरा कार्टियर के हार बनावे खाती देले रहले। साल 1928 में ई हार तइयार हो गइल आ महाराज के दे दिहल गइल. एकरा के पटियाला हार के नामो से जानल जात रहे। एह हार में प्लैटिनम के पाँच कतार रहे, जवना के 2,930 गो हीरा आ कुछ बर्मी माणिक से सरिहारल गइल रहे। हार के बीच में तनी पीयर रंग के डी बियर्स हीरा लगावल गइल रहे। इतिहास में बनल सबसे महंगा गहना रहे ई। कहल जाला कि आज एकर कीमत अपना मूल रूप में करीब 3 करोड़ डॉलर रहित। असल में एह हार में इस्तेमाल होखे वाला हीरा के खोनाई 1888 में दक्षिण अफ्रीका में भइल रहे। बतावल जाता कि एकरा के महाराजा भूपिंदर 1889 में खरीदले रहले। कुछ समय बाद ओकर हार बनवा लेहले।

1948 में भुला गइल रहे

ई मशहूर हार 1948 में पटियाला के शाही खजाना से गायब हो गइल रहे। 32 साल तक ए हार के कवनो नामो निशान ना रहे। 1982 में सोथेबी के एगो नीलामी में इ हार रहस्यमय तरीका से दोबारा देखाई देलस, बाकिर इ अधवे रूप में रहे। अब ओकरा में खाली डी बियर्स हीरा बचल रहे, जवना के नीलामी होत रहे। कार्टियर नीलामी में हीरा खरीदले रहले। कुछ दिन बाद लंदन के एगो एंटीक दुकान में हार के एगो हिस्सा मिलल। बाद में कार्टियर एहु हिस्सा के खरीद लिहलें। एमे लागल मय कीमती पत्थर गायब रहे।

लोग एकर विरोध करत बाड़े

मेट गाला में जब एम्मा चैम्बरलेन इ पहिर के उतरली तs सोशल मीडिया प लोग इ तस्वीर देख के उनुका प बोल बोले लगलें। बहुत लोग लिखले बा कि मेट गाला में कवनो पारिवारिक विरासत के प्रदर्शन कइल बढ़िया बात नइखे, काहेंकि अधिकतर लोग के एकरा उत्पत्ति के बारे में पता नइखे। कुछ लोग इहो कहल हs कि एह हार के अलावा अउरी कई गो अइसन कीमती संपत्ति जवन अंग्रेजन के समय में भारत से बाहर गइल रहे, अभी ले उ अपना सही मालिक ले नइखे मिल पावल|

नोट-एह खबर के गणेश नाथ तिवारी”विनायक” जी ‘खबर भोजपुरी’ खातिर लिखले बानी 

250700cookie-checkअमेरिका के मशहूर यूट्यूब स्टार एम्मा चैम्बरलेन मेट गाला में एगो खास हार पहिन के गइल रहली, उनुकर मनसा वाहवाही लुटे के रहे, बाकिर सोशल मीडिया पs ए हार के लेके हंगामा मच गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.