[the_ad_group id="30365"]

कानपुर: आरएसएस के शाखा में गेंदा गइले पर चलल लाठी,

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर: आरएसएस के शाखा में गेंदा गइले पर चलल लाठी, क्रिकेट खेल रहल छात्रन के संगे मारपीट, तीन लोग घायल

कानपुर के नौबस्ता के ब्लॉक स्थित बालाजी पार्क में शनिवार के क्रिकेट खेल रहल छात्रन के बॉल आरएसएस वालन के ग्रुप में चल गइल। एसे नाराज आरएसएस के लोग छात्रन के पूरे मैदान में दौड़ा-दौड़ा कर लाठी-डंडों से पीट देहल। कुछ देर बाद दूसरको पक्ष से कई लोग आ गइल अउर दूनों पक्ष से जमकर लाठी-डंडे चलल। एह विवाद में तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। पुलिस दोनों पक्ष के तहरीर पर मुकदमा दर्ज कs लेहले बा।
बता देई कि जूही बारादेवी निवासी अनुराग पाल इंटरमीडिएट के छात्र बानें। अनुराग बतवले कि कि दवई नगर के ब्लॉक में कोचिंग पढ़े जालें। एक कोचिंग पढ़ले के बाद दूसरका कोचिंग के बीच आधे घंटे के समय रहs ला। एह दौरान ऊ अपने दोस्तन के संगे कोचिंग के लग्गे स्थित बालाजी पार्क में क्रिकेट खेले लगने।
एह दौरान पार्क में आरएसएस की शाखा भी चलत रहल। तब्बे मैच के दौरान गेंद आरएसएस की शाखा के ओर चल गइल। एसे नाराज लोग गाली गलौच कइल शुरू कs देहल। विरोध कइलें पर उहवाँ मौजूद 20 से 25 लोग लाठी-डंडा से ओह लोगन की पिटाई शुरू कs देहले। हमला में अनुराग पाल, बर्रा निवासी आर्यन राजावत अउर नौबस्ता निवासी आर्यन गुप्ता के सिर फट गइल।
छात्र लोग घटना की जानकारी 112 में दी। पुलिस के अइले से पहिलही हमलावर उहाँ से भाग निकलले। पीड़ित छात्र लोग थाना में तहरीर दी है। उहवें, थोड़ी देर बाद आरएसएस के लोग भी थाने पहुंचल अउर छात्रन के खिलाफ तहरीर दे देहल। थाना प्रभारी रत्नेश सिंह ने बतवले कि दोनों पक्ष से तहरीर मिलल बा। मुकदमा दर्ज कs के कार्रवाई कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]