जयपुर के सीरियल ब्लास्ट से दहलवले के साजिश नाकाम

कुमार आशू
- Sponsored Ads-

जयपुर के सीरियल बम ब्लास्ट से दहलवले के बड़ साजिश नाकाम हो गइल बा। राजस्थान पुलिस बुधवार के चित्तौड़गढ़ के निंबाहेड़ा में मध्यप्रदेश के सूफा संगठन के 3 कट्‌टरपंथियन के गिरफ्तार कइले बा। इनकर कार से बम बनवले के सामान, टाइमर अउर 12 किलो RDX बरामद भइल बा।

आरोपी निंबाहेड़ा में बम बना के दूसर गैंग के देवे वाला रहनें, ताकि जयपुर में 3 जगह सीरियल ब्लास्ट कर सकें। साजिश के अंजाम देहले से पहिलही पुलिस ओ सब के पकड़ लेहलस। देशद्रोह के मामला में कुख्यात सूफा संगठन 2012-13 में मध्यप्रदेश के रतलाम में एक्टिव भइल बा। कई साल ले शांत रहले के बाद ई आतंकी संगठन दुबारा आतंकी वारदात के फिराक में बा।

- Sponsored Ads-

आतंकियन के स्लीपर सेल की तरे काम करत बा सूफा
सूफा कट्टरपंथी सोच के 40-45 जुवकन के इस्लामिक संगठन बा। ई आतंकियन के स्लीपर सेल के तरे काम करत बा। यह संगठन समाज में कट्टरपंथी सोच अउर तौर-तरीका के हिमायती बा। ई मुस्लिम समाज के शादियन अउर दूसर कार्यक्रम के हिंदू रीति-रिवाज बता के विरोध कइले रहने।

मुंबई ब्लास्टो में RDX के इस्तेमाल भइल रहल
RDX (Research & Development Explosive) के इस्‍तेमाल मुंबई बम धमाकों में भइल रहे। ई विस्‍फोटक केतना खतरनाक बा, एक्र अंदाजा पुलवामा ब्लास्ट के जद में आइल इलाका के देख के लगावल जा सकsला। पुलवामा ब्लास्ट में 60kg RDX के इस्तेमाल कइल गइल रहल। RDX से विस्‍फोट एतना खतरनाक बा कि ओकरे जद में अगर फौलादो आ जाए त पिघल जाए। ई विस्‍फोटक मजबूत से मजबूत कंक्रीट अउर स्‍टील के पलभर में पिघलवले के क्षमता रखत बा।

- Sponsored Ads-

Share This Article