48 घंटे बाद फिर सुलगल BHU:कैंपस में खेल के ग्राउंड के लेके छात्रन के बीच पथराव

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2022

48 घंटे बाद फिर सुलगल BHU:कैंपस में खेल के ग्राउंड के लेके छात्रन के बीच पथराव; 8 थानों के फोर्स अउर PAC तैनात, 5 छात्र घायल काशी हिंदू विश्वविद्यालय (BHU) में बवाल थमले के नावे

Share

48 घंटे बाद फिर सुलगल BHU:कैंपस में खेल के ग्राउंड के लेके छात्रन के बीच पथराव; 8 थानों के फोर्स अउर PAC तैनात, 5 छात्र घायल

काशी हिंदू विश्वविद्यालय (BHU) में बवाल थमले के नावे नाइ ले रहल बा। 48 घंटे बाद आज फिर से बिड़ला चौराहा पर छात्र के दो गुट के बीच जमकर पत्थरबाजी भइल। एह बेर बिरला मैदान में खेलले के लेके विवाद शुरू भइल। तनाव के देख के परिसर में भारी फोर्स तैनात कइल गइल बा।
पुलिस छात्रन के लाठी फटकार कर भगवलस अउर हॉस्टल के अंदर कइलस। एकरे बावजूद छात्र बेर-बेर बाहर निकल के बवाल करत रहने सब। एमें 5 छात्र गंभीर घायल भइल बाने जेके बीएचयू ट्रामा सेंटर भेजल गइल बा।
छात्रन के काबू में करे खातिर कैंपस में 8 थाना के फोर्स अउर एगो कंपनी PAC बल तैनात कइल गइल बा। बिड़ला चौराहा पर पुलिस अउर छात्रो आमने-सामने आ गइने। जेकरे बाद लाठी फटकारे के पड़ल। हालांकि जौने छात्रन के चोट लागल बा ओकर वजह पथरावे बतावल जा रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.