असम-मेघालय के बीचे 50 साल से चल रहल सीमा विवाद सुलझल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2022

असम आ मेघालय के बीचे 50 साल से चल रहल सीमा विवाद सुलझ गइल बा। दिल्ली में मंगर के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के मवजूदगी में असम आ मेघालय के मुख्यमंत्री लो समझौता पs

Share

असम आ मेघालय के बीचे 50 साल से चल रहल सीमा विवाद सुलझ गइल बा। दिल्ली में मंगर के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के मवजूदगी में असम आ मेघालय के मुख्यमंत्री लो समझौता पs हस्ताक्षर कइल। एकरा ठीक बाद अमित शाह कहले कि दुनु राज्यन के बीचे 70 प्रतिशत सीमा विवाद सुलझ गइल बा। दुनु राज्यन के मुख्यमंत्री एह फसीला के एतिहासिक बतावल कहलस लो कि समझौता से सांति बहाल होई।

गृह मंत्री के मोताबिक 12 में से 6 गो जगहन पs सीमा विवाद सुलझ गइल बा। बाकी के छव बिन्दुअन के जल्दी से जल्दी समाधान करे के कोसिस होई। ऊ कहले कि हमनी के पुरुब के विवाद से मुक्त कइल जाई। एह हस्ताक्षर पs असम के सीएम हिमन्त बिस्वा आ मेघालय के सीएम कोनरादड के॰ संगमा के हस्ताक्षर भइल।

केकरा लगे, केतना हिस्सा

पहिला चरण में असम आ मेघालय के बीचे 12 बिन्दुअन में से अपेक्षा से कम महत्व के मतभेद आला छव गो क्षेत्र के लिहल गइल बा। पहिला चरण में में निपटारा खातिर लिहाल गइल 36.79 वर्ग के विवाद आला क्षेत्र में से असम के 18.51 आ मेघालय के 18.28 वर्ग किलोमीटर पs पूरा नियंत्रण मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.