इस प्यार को क्या नाम दूं’ के वापसी, अरनव-खुशी के लव स्टोरी एह समय पs देखीं टीवी पs दुबारा

Minee Upadhyay
इस प्यार को क्या नाम दूं'
- Sponsored Ads-

‘इस प्यार को क्या नाम दूं’ एक बेर फेरु स्टार प्लस पs लवटत बा आ प्रशंसकन खातिर ई मौका बा पुरान यादन के ताजा करे के. बरिसन से दर्शकन के पसंद आइल एह प्रतिष्ठित शो से हमनी के अरनव सिंह रायजादा आ खुशी कुमारी गुप्ता के दिल छूवे वाली प्रेम कहानी से परिचय करावल गइल. बरुण सोबती आ सनाया ईरानी के एह किरदारन से एगो अइसन जादू बन गइल जवन आजुओ लोग के दिल में बसल बा. एक दशक बाद भी एह शो के याद हमनी के लाखों के दिल जीते वाला भाव, ड्रामा अवुरी रोमांस के याद दिलावत बा। बरुण आ सनाया के जोड़ी आजुओ ओतने खास बा जतना अरनव आ खुशी के.

बरुण सोबती आ सनाया ईरानी के केमिस्ट्री बेजोड़ रहे, आ एह शो के सफलता में एह लोग के परफॉर्मेंस के बहुते योगदान रहल. अरनव आ खुशी के प्रेम कहानी दर्शकन खातिर रोमांस के मिसाल बन गइल. एह लोग के आइकॉनिक मोमेंट्स ने ह्यूमर, पैशन आ इंटेंसिटी सब रहे जवन एह शो के एगो क्लासिक बना दिहलस. आजुओ प्रशंसक आपन पसंदीदा सीन याद करत बाड़े आ एह जादू के फेर से देखे खातिर बेताब बाड़े.

- Sponsored Ads-

बरुण सोबती आ सनाया ईरानी अइसन टाइमलेस आ यादगार प्रेम कहानी दिहले जवन आजुओ प्रशंसकन खातिर कपल गोल्स बन गइल बा. अरनव आ खुशी के भूमिका में इनकर अभिनय हमेशा खातिर इस्स प्यार को क्या नाम दूं के प्रशंसकन के दिल में दर्ज बा. अब जब ई शो फेरू स्टार प्लस पs आवे वाला बा तs ई एगो बढ़िया मौका बा एह खास पल के दोबारा जिए के आ अरनव-खुशी के रोमांस में डूबे के. ‘इस प्यार को क्या नाम दूं’ हर दिन सबेरे 11 बजे सोमार से अतवार ले स्टार प्लस पs प्रसारित हो रहल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरदी-खांसी से बानी परेशान, तs एs चार योगासन से मिली आराम

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।