हम रिटायर नइखी होखत… 24 घंटा में विक्रांत मैसी लिहले यूटर्न

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2024

एहिजा बॉलीवुड अभिनेता विक्रांत मैसी अपना रिटायरमेंट के एलान कइलन आ इंडस्ट्री में बहुते हलचल मच गइल. सभे सोचत रह गइल कि कइसे अचानक अभिनेता अपना करियर के चरम पs अभिनय से अलविदा कहे के

Share

विक्रांत मैसी

एहिजा बॉलीवुड अभिनेता विक्रांत मैसी अपना रिटायरमेंट के एलान कइलन आ इंडस्ट्री में बहुते हलचल मच गइल. सभे सोचत रह गइल कि कइसे अचानक अभिनेता अपना करियर के चरम पs अभिनय से अलविदा कहे के फैसला कइलन. आखिर का होई? उनुका पोस्ट से लोग बहुत अर्थ निकालत रहे बाकिर अब विक्रांत खुदे आपन कहल बात के असली मतलब बतवले बाड़े।

विक्रांत रिटायर नइखन होखत

विक्रांत के कहल बा कि सभे उनुका के गलत समझ लेले बा, उs रिटायर नईखन होखत। ना ही उs इंडस्ट्री के अलविदा कहतारे। उनुका बयान से एगो अलगे अर्थ निकलल बा. ऊ तs बस ब्रेक लेबे के चाहत रहले. ऊ फिलिमन के साइन कइले बाड़न, जवना के ऊ पूरा करीहें, ओकरा बाद ऊ ब्रेक लीहें आ ओकरा बाद कवनो स्क्रिप्ट पs विचार करीहें.

अपना बात के सही अर्थ बतावत विक्रांत साफ कहले कि, ‘हम रिटायर नईखी होखत।’ बस हमरा एगो लमहर ब्रेक के जरूरत बा. घर के याद आवत बा, स्वास्थ्य भी ठीक नइखे चलत।
विक्रांत साफ कहले कि उ निश्चित रूप से शोबिज में वापसी करीहे बाकिर कब एकर कवनो हिंट ना देले। एह घरी प्रशंसक उनुका आखिरी दू गो फिलिमन के इंतजार करत बाड़े. 

इहो पढ़ीं: परदा पs पहिल बेर खुलल रोशन फैमिली से जुड़ल राज, OTT पs आइल बा ‘द रोशन्स’ डाक्यूमेंट्री-सीरीज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.