Prasanth Varma: बालकृष्ण के बेटा के डेब्यू फिलिम संकट में, प्रशांत वर्मा के इs फिलिम होई बंद!

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

एह साल के पहिला मेगा हिट फिलिम ‘हनुमान’ के निर्देशक प्रशांत वर्मा के एगो अउरी फिलिम बंद होखे के कगार पs लउकत बा.आजुकाल्हु प्रशांत अपना अगिला फिलिम ‘जय हनुमान’ के अलावे अउरी कई गो फिलिमन

Share

नंदमूरि बालकृष्ण-मोक्षाज्ञ तेजा

एह साल के पहिला मेगा हिट फिलिम ‘हनुमान’ के निर्देशक प्रशांत वर्मा के एगो अउरी फिलिम बंद होखे के कगार पs लउकत बा.आजुकाल्हु प्रशांत अपना अगिला फिलिम ‘जय हनुमान’ के अलावे अउरी कई गो फिलिमन में व्यस्त बतावल जात बाड़े आ अइसन हालात में फिल्म ‘ब्रह्मराक्षस’ के बाद उनुकर दोसर फिलिम बंद होखे के डर एगो नया हलचल बन गइल बा तेलुगु सिनेमा में नया हलचल पैदा कs दिहले बा.

निर्देशक प्रशांत वर्मा अपना सिनेमा के एगो अलग दुनिया प्रशांत वर्मा सिनेमाई यूनिवर्स (पीवीसीयू) के निर्माण कइले बाड़न, पौराणिक पात्रन के आधुनिक कहानी में मिला के. एह में दुनिया के पहिला फिलिम ‘हनुमान’ रिलीज भइल बा.  एह कड़ी में दूसरका फिलिम के नाम बा ‘अधीरा’, जवन इंद्र के पौराणिक कथा से प्रेरणा लेत बा.  पीवीसीयू के तिसरका फिलिम ‘महाकाली’ हs जवना खातिर प्रशांत हालही में सोशल मीडिया पs एलान कइले बाड़न कि ऊ एगो सांवली किशोरी के मौका दीहें.


सोशल मीडिया पs ही 6 सितंबर के प्रशांत वर्मा आपन एगो फिलिम में मशहूर तेलुगु अभिनेता नंदमूरि बालकृष्ण के बेटा मोक्षाज्ञ तेजा के लॉन्चिंग के एलान कइले रहले.  इs घोषणा करत समय प्रशांत एह ट्रस्ट खातिर नंदमूरि बालकृष्ण के भी धन्यवाद देले।  पीवीसीयू के तहत बनत मोक्षाज्ञ के फिलिम के शूटिंग बियफ़ें 5 दिसंबर से शुरू होखे वाला रहे, बाकिर जानकारी मिलता कि एs फिलिम के शूटिंग शुरू ना हो पावल।

बियफ़ें के फिलिम मोक्षाज्ञ के मुहूर्त रिलीज भईला के दिन फिल्म के शुरुआत काहें ना हो सकल, ना तs प्रशांत वर्मा अवुरी ना मोक्षाज्ञ के पिता नंदमूरि बालकृष्ण कवनो बयान देले। उम्मीद बा कि फिल्म के निर्माता सुधाकर चेरुकुरी जल्दिए एकरा बारे में बयान जारी करीहे अवुरी तब जाके स्थिति साफ हो जाई।  एकरा बारे में प्रशांत वर्मा से संपर्क करे के भी कोशिश कईल गईल, बाकिर उनुका तरफ से कवनो प्रतिक्रिया नईखे मिलल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.