चेन्नई। कोलकाता से चेन्नई आ रहल इंडिगो के फ्लाइट में मंगर के देर रात लैंडिंग से ठीक पहिले इंजन में खराबी आ गइल। इस्थिति के गंभीरता के देखत चेन्नई एयरपोर्ट पs फुल इमरजेंसी घोषित कs दिहल गइल बा। हालांकि पायलट के सूझबूझ आ एयरपोर्ट प्रशासन के त्वरित कार्रवाई से विमान के सुरक्षित लैंडिंग करा लिहल गइल। विमान में सवार सब 224 लोग सुरक्षित बा।
लैंडिंग से पहिले बायां इंजन में आइल खराबी
एयरपोर्ट्स अथॉरिटी ऑफ इंडिया के अधिकारियन के मोताबिक, इंडिगो के फ्लाइट 6E-723 कोलकाता से चेन्नई आवत रहे। 11 अगस्त के रात करीब 11:29 बजे विमान के ओर से फुल इमरजेंसी घोषित कइल गइल।

विमान के चेन्नई एयरपोर्ट पs करीब 11:30 बजे पहुंचल रहे। लैंडिंग के तइयारी के दौरान पायलट के बायां इंजन में खराबी के जानकारी मिलल। पायलट तुरंत एयर ट्रैफिक कंट्रोल के इस्थिति के जानकारी देलें।
चेन्नई एयरपोर्ट पs घोषित भइल फुल इमरजेंसी
इंजन में खराबी के सूचना मिलतही एयरपोर्ट प्रशासन सक्रिय हो गइल। विमान के सुरक्षित लैंडिंग खातिर जरूरी इमरजेंसी रिस्पॉन्स उपाय सुरू कइल गइल। एयरपोर्ट पs आपात इस्थिति से निपटे खातिर संबंधित टीम के अलर्ट कs दिहल गइल।
विमान के सुरक्षित उतारे खातिर रनवे आ एयरपोर्ट ऑपरेशन के जरूरी तइयारी पूरा कइल गइल।
रनवे 25 पs सुरक्षित उतरल विमान
इमरजेंसी के बीच इंडिगो फ्लाइट रात 11:37 बजे रनवे 25 पs सुरक्षित लैंड कs गइल। विमान में मवजूद 224 यात्रियन आ क्रू मेंबर सुरक्षित रहल लो।
विमान के सुरक्षित लैंडिंग के बाद करीब 11:47 बजे फुल इमरजेंसी हटा लिहल गइल। एयरपोर्ट प्रशासन के मोताबिक, घटना के बादो एयरपोर्ट के बाकी कामकाज सामान्य रूप से जारी रहल।
बड़ हादसा टलल
लैंडिंग से ठीक पहिले इंजन में खराबी अइला से विमान में सवार लोगन खातिर इस्थिति चुनौतीपूर्ण रहे। हालांकि पायलट के समय पs जानकारी मिलला आ एयर ट्रैफिक कंट्रोल आउर एयरपोर्ट प्रशासन के त्वरित कार्रवाई से विमान के सुरक्षित उतार लिहल गइल। एह घटना में कवनो जनहानि के सूचना नइखे।
Read Also: Gorakhpur : भोजपुरी संगम के 198वीं बइठकी में सावन आ देशभक्ति के रचनन से गूंजल माहौल










