Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इनकम टैक्स डिपार्टमेंट में कई पद पर वैकेंसी, मिली एतना सैलरी, जल्दी करीं आवेदन

जौन कैंडीडेट इनकम टैक्स इंस्पेक्टर पद खातिर आवेदन कइल चाहतने, ओनके लग्गे मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय चाहे संस्थान से बैचलर डिग्री होखल जरूरी बा।

163
सीवान इन्शुरेंस 720 90

नकम टैक्स डिपार्टमेंट में नौकरी के इच्छा रखे वाला जुवा के लग्गे बड़हन मौका बा। इहवाँ मल्टी टास्किंग स्टाफ समेत कई पद खातिर भर्ती निकलल बा।

कैंडीडेट्स के आवेदन करे खातिर आधिकारिक वेबसाइट incometaxindia.gov.in पs विजिट करे के होई। आवेदन कइले से पहिले नोटिफिकेशन पढ़ लेई।

इच्छुक अउर योग्य उम्मीदवार 18 अप्रैल 2022 ले आवेदन कs सकत बाने। कुल रिक्त पद के संख्या 24 बा। एह भर्ती के तहत एहकम टैक्स इंस्पेक्टर के एगो पद, टैक्स असिस्टेंट के 5 पद अउर मल्टी-टास्किंग स्टाफ के 18 पद रिक्त बा।

जौन कैंडीडेट इनकम टैक्स इंस्पेक्टर पद खातिर आवेदन कइल चाहतने, उनके लग्गे मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय चाहे संस्थान से बैचलर डिग्री होखल जरूरी बा। उहवें टैक्स असिस्टेंट पद खातिर कैंडीडेट के लग्गे ग्रेजुएशन के संगे निम्मन डाटा एंट्री स्पीड होखे के चाहीं।

मल्टी-टास्किंग स्टाफ पs आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के मान्यता प्राप्त बोर्ड से मैट्रिक (कक्षा 10) परीक्षा पास होखल जरूरी बा।

Middle Yayawari

एह पद पs आवेदन खातिर आयुसीमा 18 से 30 साल ले बा। आरक्षित वर्ग के उम्मीदवार के अधिकतम आयु सीमा में छूट मिली। ज्यादा जानकारी खातिर नोटिफिकेशन के पढ़ीं।

इनकम टैक्स इंस्पेक्टर पद पs 9300 रुपया से 34800 रुपए ले सैलरी मिली। टैक्स असिस्टेंट पद पs 5200 रुपया से 20200 रुपए ले सैलरी मिली। उहवें मल्टी-टास्किंग स्टाफ खातिर 5200-20200 रुपए ले सैलरी मिली।

कैंडीडेट्स के आपन आवेदन फॉर्म भर के अतिरिक्त आयकर आयुक्त, मुख्यालय (कार्मिक अउर स्थापना), पीआई तल, कमरा नंबर 14, आयकर भवन, पी -7, चौरंगी स्क्वायर, कोलकाता 700069 पता पs भेजे के होई।

 

229320cookie-checkइनकम टैक्स डिपार्टमेंट में कई पद पर वैकेंसी, मिली एतना सैलरी, जल्दी करीं आवेदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.