Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

समर स्पेशल ट्रेन के मीलल हरिहर झंडी

गर्मी की छुट्टियों में कइल चाहत बानी मुंबई के सैर त रेलवे आराम से कराई यात्रा

134
सीवान इन्शुरेंस 720 90

जमशेदपुर: अगर रउआ सैर सपाटा के शौकीन बानी अउर एह बार गर्मी के छुट्टी में परिवार के संगे मुंबई के सैर कइल चाहत बानी त रउआ खातिर खुशखबरी बा. एह बार रउआ के यात्रा के सुखद बनावे खातिर रेलवे समर स्पेशल ट्रेन चलावे जा रहल बा. रउआ एह समर स्पेशल ट्रेन में टाटानगर, चक्रधरपूर चाहे राउरकेला कहीं से मुंबई के यात्रा क सकेनी. आगामी गर्मी छुट्टी में मुबई जाए वाली ट्रेन में होखे वाली भारी भीड़ के देखत रेलवे शालीमार-लोकमान्य तिलक के बीच एगो समर सुपरफास्ट ट्रेन चलवले के निर्णय लेहले बा. एके लेकर रेलवे आपन अधिसूचनो जारी क देहले बा. शालीमार-लोकमान्य तिलक-शालीमार सुपरफास्ट एक्सप्रेस पूरा गर्मी भर कुल 10 फेरे लगाई.

गाड़ी संख्या 01019 स्पेशल 12 अप्रैल से 14 जून के बीच हर मंगलवार के रात 8.15 बजे लोकमान्य तिलक टर्मिनल से शालीमार खातिर रवाना होई अउर तिसरका दिन सुबह 5.15 बजे शालीमार पहुंची. गाड़ी संख्या  01020 समर स्पेशल ट्रेन 14 अप्रैल से 16 जून ले हर गुरुवार के शाम 5.35 बजे शालीमार से लोकमान्य तिलक टर्मिनल खातिर रवाना होई अउर अगले दिन रात में 11.45 बजे लोकमान्य तिलक टर्मिनल पहुंची

ई समर स्पेशल ट्रेन कल्याण, नासिक रोड, भुसावल, अकोला, बडनेरा, वर्धा, नागपुर, गोंदिया, दुर्ग, रायपुर, बिलासपुर, झारसुगुड़ा, राउरकेला, चक्रधरपुर, टाटा नगर, खड़गपुरए, संतरागाछी आदि स्टेशन पर रुकी.

Middle Yayawari
229530cookie-checkसमर स्पेशल ट्रेन के मीलल हरिहर झंडी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.