प्राणी उद्यान के पहिला स्थापना दिवस समारोह आजु से

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2022

गोरखपुर में 27 मार्च के उत्तर प्रदेश के तीसरा प्राणी उद्यान, शहीद अशफाक उल्ला खॉ प्राणी उद्यान लोकार्पित भइल रहे। पहिला वर्षगांठ पs प्राणी उद्यान प्रबंधन समारोह के श्रृंखला में सोमवार के विश्व वानिकी दिवस

Share

गोरखपुर में 27 मार्च के उत्तर प्रदेश के तीसरा प्राणी उद्यान, शहीद अशफाक उल्ला खॉ प्राणी उद्यान लोकार्पित भइल रहे। पहिला वर्षगांठ पs प्राणी उद्यान प्रबंधन समारोह के श्रृंखला में सोमवार के विश्व वानिकी दिवस पs पौधरोपण अभियान संचालित कs के शहरवासियन के पेड़-पौधा के रक्षा के प्रति संकल्पित कइल जाई। एह कड़ी में सोमवार के दूपहर बाद वन विभाग अउर प्राणी उद्यान में पौधरोपण होई।

ई जानकारी प्राणी उद्यान के निदेशक डॉ एचराजा मोहन देहने। ऊ बतवने कि एह स्थापना समारोह के अगिला कड़ी में मंगलवार के विश्व जल दिवस पs पेटिंग प्रतियोगिता आयोजित होई। कक्षा 9 से कक्षा 12 ले के छात्रन खातिर आयोजित एह प्रतियोगिता में पंजीकरण 22 मार्च के बिहाने 10 बजे से 11 बजे ले होई।

प्राणी उद्यान के वाइल्ड लाइफ विशेषज्ञ अउर संयोजक डॉ योगेश प्रताप सिंह बतवने कि पेटिंग प्रतिस्पर्धा में शामिल होखे आला छात्र आपन रजिस्ट्रेशन खातिर मोबाइल नम्बर 7839887251 पs कॉल कs के जरूरी जानकारी ले सकेने। डॉ योगेश बतवने कि एह साप्ताहिक कार्यक्रम के आयोजन में रोटरी क्लब मिड टाउन,हेरिटेज फाउंडेशन, वीफॉर एनिमल सहयोग कs रहल बा। ओ पेटिंग प्रतियोगिता में शामिल छात्र खातिर प्राणी उद्यान परिसर में प्रवेश निशुल्क होई।

प्रतियोगिता के विषय जल संरक्षण अउर जीव जन्तु रही। प्रतियोगिता में शामिल होखे आला छात्र के पेटिंग खातिर जरूरी कलर अपनिये लावे के होई। ड्राइंग सीट ओनके प्राणी उद्यान कार्यालय से उपलब्ध करावल जाई।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.