Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिमाचल प्रदेश के चुनावी कार्यक्रम के एलान, 12 नवंबर के मतदान, 8 दिसंबर के नतीजा

781

चुनाव आयोग बतवलस कि 17 अक्तूबर के गजट नोटिफिकेशन जारी कइल जाई। उहवें, नामांकन के अंतिम तिथि 25 अक्तूबर ह। नामांकन के जांच 27 अक्तूबर ले जारी रही। उम्मीदवार 29 अक्तूबर तक आपन नाम वापस ले सकेनी। 12 नवंबर के हिमाचल में एक्के चरण में मतदान हो जाई। एकरे बाद 8 दिसंबर के मतगणना के बाद नतीजा घोषित कs दीहें। राज्य में चुनाव प्रक्रिया पूरा करे के अंतिम तिथि 10 दिसंबर बा।।

चुनाव आयोग कहले बा कि हिमाचल प्रदेश में 55 लाख वोटर बानें। एहमें 27 लाख 80 हजार पुरुष अउर 27 लाख 27 हजार महिला हिस्सा लेई। चुनाव में शामिल सेवा कर्मियों के संख्या 67 हजार 532 होई। एकरे अलावा PWD 56,001 होई। एकरे अलावा 80 साल से ज्यादा उम्र के 1.22 लाख मतदाता बानें। एकरे सथही 1184 मतदाता अइसन बानें जिनकर उम्र 100 साल से ज्यादा बा

356020cookie-checkहिमाचल प्रदेश के चुनावी कार्यक्रम के एलान, 12 नवंबर के मतदान, 8 दिसंबर के नतीजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.