[the_ad_group id="30365"]

IMF: एक दिन कांग्रेस कोरोना वैक्सीन के श्रेय लेवे आई…, आधार अउरी DBT पर कांग्रेस के दावा पर भाजपा बोललस बेंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंतरराष्ट्रीय मुद्रा कोष द्वारा भारत के प्रत्यक्ष लाभ हस्तांतरण (DBT) के प्रशंसा के बाद भारत में राजनीति शुरू हो गइल बा। कांग्रेस अउर भाजपा नेता में एकर श्रेय लेवे खातिर ट्विटर वार जनम ले लेहलें बा। आईएमएफ (IMF) के ओर से कइल गइल प्रशंसा के बाद कांग्रेस नेता पी चिदंबरम के ट्वीट पर केंद्रीय मंत्री हरदीप पुरी, किरेन रिजिजू अउर भूपेंद्र यादव उनके करारा जवाब दिहले बानें।
दरअसल, आईएमएफ के ओर से भारत के आधार अउर प्रत्यक्ष लाभ हस्तांतरण योजना के प्रशंसा कइल गइल अउर एके एक तार्किक चमत्कार बतावल गइल। एकरे बाद कांग्रेस नेता अउर पूर्व वित्तमंत्री पी. चिदंबरम ट्वीट कs के कहलें कि दूनों योजना के यूपीए सरकार द्वारा लॉन्च कइल गइल रहे।

ट्विटर पर का बोललें चिदंबरम?

कांग्रेस नेता चिदंबरम ट्वीट कइलें, आईएमएफ अधिकारी भारत के डीबीटी स्कीम अउर आधार के प्रशंसा कइले बानें। एसे पहिले कि भाजपा एकर श्रेय लेवे खातिर आगे अइलें, याद करीं कि एनके कब अउर कौन सरकार में पेश कइल गइल रहलें। एकरे बाद ऊ लिखलें आधार 28 जनवरी, 2009 के लॉन्च कइल गइल रहे। उहवें, डीबीटी के 1 जनवरी 2013 के पेश कइल गइल रहे। दूनों ही योजना यूपीए सरकार द्वारा लावल गइल रहे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]