हिमाचल में कांग्रेस के सरकार बनतही भरल जाई 1 लाख सरकारी पद, महारैली में प्रियंका गांधीे कइलें घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2022

सोलन में होखे वाला महारैली में प्रियंका गांधी पार्टी के ओर से कइल जाये वाला घोषणा के अलावे कइयन गो बड़ वादा क सकत बाड़ी। महारैली के लेके कांग्रेस के कइयन गो दिग्गज नेता लो

Share

सोलन में होखे वाला महारैली में प्रियंका गांधी पार्टी के ओर से कइल जाये वाला घोषणा के अलावे कइयन गो बड़ वादा क सकत बाड़ी। महारैली के लेके कांग्रेस के कइयन गो दिग्गज नेता लो सोलन में डेरा डालल गइल बा।

हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस पार्टी के चुनाव अभियान सुक से सुरू भइल बा। एकरा पहिलही कांग्रेस महासिचव प्रियंका गांधी वाड्रा सोलन जिला में मां शूलिनी मंदिर में पूजा-अर्चना क के परिवर्तन रैली के संबोधित कइलें। बता दीं कि राज्य में एह साल के अंत में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। जवना के लेके पार्टी वोटरन के रिझावे में जुट गइल बा।

परिवर्तन महारैली के संबोधित करत प्रियंका गांधी कहली, हिमाचल प्रदेश में जब कांग्रेस के सरकार बनी तब पहिला मंत्रिमंडल के बैठक में 2 गो निर्णय होई। पहिला, 1 लाख सरकारी पद जे खाली बा ऊ भरल जाई।  कुल 5 लाख रोजगार मिली। जेमे से 1 लाख रोजगार पहिला मंत्रिमंडल के बैठक में तय कइल जाई। दूसरा, पुरान पेंशन योजना प ओहि मंत्रीमंडल के बैठक में फसीला होई। प्रदेश के 2 लाख कर्मचारियन के ओह लो के हक मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.