Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Women’s T20 WC: सेमीफाइनल मैच से पहिले भारत के बड़ झटका, पूजा वस्त्राकर बाहर, हरमनप्रीत के खेललो पs संदेह

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सेमीफाइनल मैच में भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर के खेलल मुश्किल ना। ओहिजा, तेज गेंदबाजी ऑलराउंडर पूजा वस्त्राकर पहिलही मैच से बाहर हो चुकल बा। अइसे में भारत खातिर फाइनल के राह आ मुश्किल हो गइल बा।

2,536

महिला टी20 विश्व कप के सेमीफाइनल मैच से पहिले भारतीय टीम के बड़ झटका लागल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक टीम इंडिया के कप्तान हरमनप्रीत कौर आ ऑलराउंडर पूजा वस्त्राकर बेमार हो गइल बाड़ी आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मैच से पूजा वस्त्राकर बाहर हो गइल बाड़ी। ओहिजा हरमनप्रीत कौर के एह मैच में खेलल मुश्किल बा। मजबूत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टीम इंडिया के कमजोर मानल जा रहल बा। अइसे में कप्तान हरमनप्रीत के बाहर होखला पs भारत खातिर ऑस्ट्रेलिया के हरा पावल बेहद मुश्किल बा।

पूजा वस्त्राकर के सांस लेला में परेसानी हो रहल बा। उनका गलो में संक्रमण भइल बा। ओहिजा, कप्तान हरमनप्रीत अभी ले बोखार से उबर नइखी पाइल। हरमनप्रीत कौर, पूजा वस्त्राकर आ राधा यादव अस्पताल पहुंचल रहे लो आ जांच करवले रहे लो। अब तक ई साफ नइखे कि हरमनप्रीत एह मैच में खेलिहें कि ना। फिलहाल मेडिकल टीम सब खिलाड़ियन के देखरेख कर रहल बिया।

तेज गेंदबाजी ऑलराउंडर पूजा वस्त्राकर के जगह स्पिन ऑलराउंडर स्नेह राणा के टीम में सामिल कइल गइल बा। ओहिजा, हरमनप्रीत के ना खेलला पs स्मृति मंधाना टीम के कमान संभारिहे। ओहिजा, टीम में हरलीन देओल भा यास्तिका भाटिया के हरमनप्रीत कौर के जगह मवका दिहल जा सकत बा।

एह टूर्नामेंट में भारत चार मैचन में छव अंकन के संगे सेमीफाइनल खातिर क्वालीफाई कइले बा। हरमनप्रीत के नेतृत्व वाली टीम पाकिस्तान, वेस्टइंडीज आ आयरलैंड के हरावे में सफल रहल रहे, ओकर एकमात्र हार इंग्लैंड के खिलाफ आइल रहे। जदि हरमनप्रीत मैच नइखी खेलत, तs उप-कप्तान स्मृति मंधाना टीम के अगुआई कर सकत बाड़ी। राधा यादव के फिटनेसो के लेके सवाल बा, काहेकि ऊ आयरलैंड के खिलाफ मैच में ना खेल पवले रहली।

सेमीफाइनल मुकाबला से पहिले हरमनप्रीत टीम इंडिया के सामने चुनौतियन पs बात कइले रहली। हरमनप्रीत कहले रहली “हमनी के वास्तव में अच्छा सुरुआत कइनी सs, बाकिर बीच के ओवरन में, हमनी के योजना के मोताबिक गेंदबाजी ना कइनी सs आ बहुत जादे रन दे देनी सs। इहवें पs हमनी के गति खो देनी सs। हमनी बल्ला से अच्छा करत रहनी सs, बाकिर हमनी के जवन रन रेट चाहत रहनी सs उ ना मिलल आ एहिसे हमनी के विकेट खो देनी सs।”

हरमनप्रीत भारतीय बल्लेबाजन के डॉट गेना खेललो पs बात कइले रहस। भारत आयरलैंड के खिलाफ छव विकेट पs 155 रन के अपना पारी में 41 गेना में कवनो रन ना बनवले रहस। ओहिजा, इंग्लैंड के खिलाफ भारत 51 गेना में कवनो रन ना बनवले रहे। आयरलैंड के खिलाफ स्मृति मंधाना अपना करियर के सबसे बड़ पारी (87 रन) के संगे टीम इंडिया के जीत दिलवले रहली, बाकिर इंग्लैंड के खिलाफ भारत के हार के सामना करे के पड़ल रहे।

हरमनप्रीत एह पs कहले रहली “विश्व कप के मैच हमेसा कुछ अइसने होला, जहां दुनो टीम हमेसा दबाव में रहेली सs। हमरा लागत बा कि एह मैचन में जदि 150 रन बोर्ड पs बा, तs रउआ हमेसा आगा रहेनी। हमनी के खुद पs बहुत जादे दबाव नइखी सs डाल रहल बानी सs। हमनी के बस मैदान में जा रहल बानी सs आ समझ रहल बानी सs कि उहां का इस्थिति बा आ बस इस्थिति के अनुसार खेल रहल बानी सs। डॉट गेना कुछ अइसने बा जवन पहिलही से हमनी के चिंतित कर रहल बा। अगिला मैच में, हमनी के ओहु क्षेत्र में कुछ सुधार देखल पसंद करेम सs।”

468320cookie-checkWomen’s T20 WC: सेमीफाइनल मैच से पहिले भारत के बड़ झटका, पूजा वस्त्राकर बाहर, हरमनप्रीत के खेललो पs संदेह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.