Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs AUS: इंदौर टेस्ट से पहिले बोलले कप्तान रोहित- राहुल के उपकप्तान ना होखल कवनो संकेत नइखे, उनका मवका मिली।

हाले में भारतीय क्रिकेट टीम से उपकप्तान के पद से के एल राहुल हटा दिहल गईल रहे ओकरा बादे से मीडिया आ सोशल मीडिया पs राहुल के तिसरका टेस्ट मैच जवन 1 मार्च से इंदौर में खेलल जाई पs सवाल खड़ा हो गईल रहे आ ओकरा पs चरचा शुरू हो गईल रहे।

2,518
भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीचे टेस्ट सीरीज के तीसरका मैच से पहिले भारतीय कप्तान रोहित शर्मा सलामी बल्लेबाज लोकेश राहुल के समर्थन कइले बाड़े। उ कहले  कि राहुल के उपकप्तान के पद से हटा दिहल गइल कवनो संकेत नइखे देतs, जवन खिलाड़ी के भीतरी प्रतिभा बा उनका के मवका मिलत रही। वहीं, टेस्ट सीरीज के तीसरका मुकाबला में भारतीय टीम के लेके  उ कहले कि टॉस के बेरा ऊ प्लेइंग 11 तय कइल पसन करेले, काहें कि खिलाड़ियन के चोटिल होखे के डर रहेला ।
रोहित आ गिल मंगर के अभ्यास सत्र के दउरान नेट्स पs एके संगे बल्लेबाजी कईले, जबकि राहुल  टीम के अधिकांश सदस्य लोगन के संगे होटल में रहे के फईसला कइले। ई अभ्यास सत्र वैकल्पिक रहे। ओहिजे, गिल आ राहुल दूनो लोग  सोमार को ट्रेनिंग सत्र के दउरान एक संगे बल्लेबाजी कइले रहले लो।
47 टेस्ट मैचन के बाद राहुल के औसत 33.4 के बा , जबकि गिल सीमित ओवरन के क्रिकेट में शानदार सीजन के बाद अब रेड-बॉल क्रिकेट में अपना अवसर के इंतजार कर रहल बाड़े । राहुल अपना पिछला 10 टेस्ट पारियन में 25 रन के आंकड़े के पार करे में नाकाम रहल बाड़े। उनका के दिल्ली में दूसरे टेस्ट के बाद से उप-कप्तान के पद से हटा दिहल गइल, जवना से सीरीज के बांचल दू गो मैचन में टीम में बदलाव की संभावना बढ़ गइल बा।

तीसरका टेस्ट से पहिले रोहित  मीडिया से बातचीत में कहले, “हम पिछला मैच के बादो एकरा बारे में बात कईले रहे। जवन खिलाड़ी एह बेरा कठिन समय से गुजर रहल बाड़े, उनकर क्षमता के देखतs उनका खुद के साबित करे के भरपूर समय दिहल जाई। उप-कप्तान होखल भा ना होखल एह से कवनो फर्क ना पड़े के चाहिं आ एकरा से कवनो ओह खेलाडी के खेलला भा ना खेलल के संकेत बा उ ओहु बेरा  उप-कप्तान रहले। उप-कप्तान के रूप से उनकर हटल कुछो संकेत नइखे देतs है।”

हाले में भारतीय क्रिकेट टीम से उपकप्तान के पद से के एल राहुल हटा दिहल गईल रहे ओकरा बादे से मीडिया आ सोशल मीडिया पs राहुल के तिसरका टेस्ट मैच जवन 1 मार्च से इंदौर में खेलल जाई पs सवाल खड़ा हो गईल रहे आ ओकरा पs चरचा शुरू हो गईल रहे।

जब गिल आ राहुल दूनो लोगन के  तईयारी के बारे में पूछल गइल तब कप्तान कहले, “जहां तक ले गिल आ केएल राहुल के बात बा तs उ लोग कवनो मैच से पहिले एही तरे ट्रेनिंग करे ला लो । आज पूरा ग्रुप खातिर वैकल्पिक ट्रेनिंग सेशन रहे। जे केहू भी आवल चाहत रहे उ आ गइल। जहां तक प्लेइंग 11 के सवाल बा, हम एहके टॉस में तय कइल चाहब। हम एह बारे में अंतिम समय में ही फईसला लेहल पसन करेनी । काहें कि आखिरी मिनटन में खिलाड़ियन के चोटिल होखे के संभावना रहेला ।”

भारत चार मैचन के सीरीज में 2-0 से आगे बा आ एहिजा जीत के साफ जून में होने वाले विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप फाइनल में अपनी जगह पक्की करना चाहेगा।

472650cookie-checkIND vs AUS: इंदौर टेस्ट से पहिले बोलले कप्तान रोहित- राहुल के उपकप्तान ना होखल कवनो संकेत नइखे, उनका मवका मिली।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.