हैदराबाद में दर्दनाक हादसा: कबाड़ गोदाम में लागल भीषण आग, 11 मजदूर जिंदा जरले

Share

तेलंगाना की राजधानी हैदराबाद के भोईगुड़ा स्थित कबाड़ गोदाम में भीषण आग लग गइल जेमें 11 मजदूर जिंदा जर के मर गइने सब। मरे आला सब मजदूर बिहार के रहे वाले बतावल जा रहल बाने अउर इहवाँ कबाड़ गोदाम में काम करत रहने। उहवें मौका पs मौजूद हैदराबाद डीसीपी सेंट्रल जोन बतवने कि सब 11 लाश के निकाल के पोस्टमार्टम खातिर अस्पताल ले जाइल गइल बा। फिलहाल आग पs काबू पा लेहल गइल बा। तेलंगाना के सीएम केसी राव आग में बिहार के मजूरन के मौत पs शोक व्यक्त कइले बाने। ऊ परिजनन के पांच-पांच लाख रुपया के अनुग्रह राशि देहले के घोषणा कइले अउर मुख्य सचिव के घटना में मारल गइल मजूरन के शव के वापस लवले के व्यवस्था करे के निर्देश देहने।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-