तेज रफ्तार के कहर, सीवान में सड़क छोड़ गडहा में गिरल कार, एक के मौत, तीन घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2022

सीवान से एगो दुर्घटना के खबर आ रहल बा,। बियफे के देर रात एगो अनियंत्रित अल्टो कार सड़क छोड़ के पाँच फीट गहिराह गडहा में पलट गइल। एह हादसा में एगो कार सवार के घटना

Share

सीवान से एगो दुर्घटना के खबर आ रहल बा,। बियफे के देर रात एगो अनियंत्रित अल्टो कार सड़क छोड़ के पाँच फीट गहिराह गडहा में पलट गइल। एह हादसा में एगो कार सवार के घटना का जगहे पs मौत हो गइल। ओहिजा कार में बइठल तीन गो आउर लोगन के हालत गंभीर बा।

मृतक के पहचान महराजगंज थाना के बंगरा गांव के रहनिहार अमर उपध्याय के लईका राजन उपाध्याय (36) उर्फ निक्कू बाबा का रूप में भइल बा। घटना सीवान-पैगंबरपुर मेन रोड के बालबंगरा गांव के काली अस्थान के भीरी के हs। हादसा में घवाहिल लोग अलग-अलग जगे पs आपन इलाज करा रहल बा। वन हादसा के खबर जसही परिवार के लोगन के भइल चीख पुकार मच गइल।

 घटना के सूचना पs पहुंचल पुलिस 

घटना के सूचना मिलते दरोंदा थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्ट्म खातिर सीवान सादर अस्पताल भेजलस। हादसा के बाद से कार में सवार बाकी लोग फरार बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.