Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेज रफ्तार के कहर, सीवान में सड़क छोड़ गडहा में गिरल कार, एक के मौत, तीन घायल

171
सीवान इन्शुरेंस 720 90

सीवान से एगो दुर्घटना के खबर आ रहल बा,। बियफे के देर रात एगो अनियंत्रित अल्टो कार सड़क छोड़ के पाँच फीट गहिराह गडहा में पलट गइल। एह हादसा में एगो कार सवार के घटना का जगहे पs मौत हो गइल। ओहिजा कार में बइठल तीन गो आउर लोगन के हालत गंभीर बा।

मृतक के पहचान महराजगंज थाना के बंगरा गांव के रहनिहार अमर उपध्याय के लईका राजन उपाध्याय (36) उर्फ निक्कू बाबा का रूप में भइल बा। घटना सीवान-पैगंबरपुर मेन रोड के बालबंगरा गांव के काली अस्थान के भीरी के हs। हादसा में घवाहिल लोग अलग-अलग जगे पs आपन इलाज करा रहल बा। वन हादसा के खबर जसही परिवार के लोगन के भइल चीख पुकार मच गइल।

 घटना के सूचना पs पहुंचल पुलिस 

Middle Yayawari

घटना के सूचना मिलते दरोंदा थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्ट्म खातिर सीवान सादर अस्पताल भेजलस। हादसा के बाद से कार में सवार बाकी लोग फरार बा।

228720cookie-checkतेज रफ्तार के कहर, सीवान में सड़क छोड़ गडहा में गिरल कार, एक के मौत, तीन घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.