Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दर्दनाक: कुशीनगर में टॉफी खइला से चार बचवन के मौत, जहरीला पदार्थ मिलल होखले के आशंका

213

उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला से दर्दनाक खबर सामने आइल बा। इहवाँ चार बचवन के टॉफी खइले से मौत हो गइल। टॉफी में जहरीला पदार्थ मिलल होखे के आशंका बा। घटना पs उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ संज्ञान लेहले बाने अउर अधिकारियन के दिशा-निर्देश देहले बाने।

जानकारी के अनुसार, कुशीनगर के कसया थाना इलाका के कुड़वा उर्फ़ दिलीपनगर गांव के सिंसई लठउर टोला में आज बिहान तकरीबन सात बजे टॉफी खइले से चार मासूम बचवन के मौत हो गइल। टॉफी के अलावा नौ रुपया गठरी में मिलल बा। टॉफी गील रहल। टॉफी में कौनो जहरीला पदार्थ के मिलावट के आशंका बा।

बताया जा रहल बा कि मृतकों में रसगुल नाम के शख्स के तीन बच्चा मंजना (7), स्वीटी (5), समर (3) अउर रसगुल के बहन खुशबू के बेटा आयुष (5) शामिल बाने, जौन टॉफी खइले से बेहोश हो गइने। मौका पs पहुंचल पुलिस अउर तहसीलदार मांधाता प्रताप सिंह बचवन के सीएचसी भेजववने, जहवाँ डाक्टर मासूम बचवन के हालत गंभीर देख के जिला अस्पताल रेफर कs देहने।

उहां ले जात में रास्ता में चारों के मौत हो गइल। परिजन तीन लोग पs हत्या करे के आरोप लगा रहल बाने। टॉफी के रैपर पs गोल्ड आलमंड चाकलेट डिलाइट लिखल बा। सीओ कसया पीयूष कांत राय बतवने कि घटना के जानकारी मिलल बा। टॉफी खइले से बचवन के मौत के जानकारी भइल बा। जांच पड़ताल चल रहल बा।

उहें, मामला में उत्तर प्रदेश के कार्यवाहक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बचवन के टॉफी खइले से भइल दुर्घटना के संज्ञान लेहले बाने। ऊ डीएम अउर सीएमओ के तत्काल मौका पs जाए के कहने। ऊ घटना पs दुःख व्यक्त करत कहनें कि पीड़ित परिवार के तत्काल सहायता देहल गइले अउर जांच के बाद रिपोर्ट उपलब्ध करवले के निर्देश देहले बाने।

230010cookie-checkदर्दनाक: कुशीनगर में टॉफी खइला से चार बचवन के मौत, जहरीला पदार्थ मिलल होखले के आशंका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.