गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे वाली घटना सामने आइल बा। इहवें गोरखपुर विश्वविद्यालय के कैंटीन में बुधवार के बदमाश कुल फायरिंग कs देहनें। बदमाश कर्मचारियन से कहने सब कि ठेकेदार से बोल दीहs, मिल लीहें। फायरिंग की सूचना पs पहुंचल पुलिस जांच में जुट गइल बा। पूरा घटना सीसीटीवी में कैद हो गइल बा। पुलिस सीसी टीवी फुटेज के मदद से बदमाशन के तलाश में जुट गइल बा।
कर्मचारी अर्जुन बतवनें कि दोपहर करीब 1.13 बजे बाइक सवार दो युवक अइनें। कैंटीन में एक्के युवक आइल, दुसरका बाहर अपने बाइक के लग्गे खड़ा रहल। अंदर आइल युवक घुसते भर में हवाई फायरिंग कर देहलस। गोली कैंटीन के छत में धंस गई। फायरिंग करे वाला बदमाश कहलस, ठेकेदार से बोल दीहs, आके मिल लेई अउर अपने साथी के संगे फरार हो गइल।
फायरिंग की सूचना पs पहुंचल कैंट पुलिस सीसी टीवी फुटेज के आधार पर बाइक सवार बदमाशन के तलाश शुरू कर देहले बा।
गोरखपुर: कैंटीन में घुस कर बदमाश कुल कइने फायरिंग
Published on: Mar 30, 2022
गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे वाली घटना सामने आइल बा। इहवें गोरखपुर विश्वविद्यालय के कैंटीन में बुधवार के बदमाश कुल फायरिंग कs देहनें। बदमाश कर्मचारियन से कहने सब कि ठेकेदार से बोल दीहs,
Share
Tags:
Share this article






