Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रीवा: वीआईपी गेस्ट हाउस में रुकल महंत पर नाबालिग से दुष्कर्म के आरोप

हिस्ट्रीशीटर के नाम पर बुक रहल रूम

182

रीवा जिला में समदड़िया मॉल के शुभारंभ अवसर पर कथा सुनावे आइल महंत पर किशोरी के साथ दुष्कर्म के आरोप लगल बा। रीवा के पॉश इलाका राजनिवास सिविल लाइन में स्थित वीआईपी गेस्ट हाउस में एह वारदात के अंजाम देहल गइल। घटना के बाद से महंत फरार बाने। पुलिस महंत के एगो चेला समेत दू लोग के गिरफ्तार कs लेहले बा। इहे चेलवा नाबालिग के महंत के पास ले के आइल रहल। बतावल जा रहल बा कि जौने रूम में वारदात के अंजाम देहल गइल, ऊ कौनो हिस्ट्रीशीटर विनोद पांडेय के नाम पर बुक रहल।

पुलिस के मुताबिक महंत समर्थ त्रिपाठी उर्फ सीताराम महाराज कथावाचक बाने अउर कथवे करे रीवा आइल रहने। विनोद पांडेय नाव के युवक 15 वर्षीय किशोरी के सतना से बोलववले रहल। रीवा अइले पर नाबालिग के राजनिवास बोलावल गइल। किशोरी के रूम नंबर 4 में बोलावल गइल, जहवां विनोद सहित दूसर लोग बइठ के बात कइल। कुछए देर बाद सीताराम महाराज अउर ओकर एगो चेलओ उहवाँ पहुंचल। तनिके देर बाद उहवाँ सब लोग शराब पीए लागल। नाबालिग के भी शराब पियवले के कोसिश कइल गइल। किशोरी मना कइलस त बाकी लोग बाहर निकल गइने। बस महंत अउर किशोरी कमरा में रह गइने। दरवाजा बाहर से बंद क देहल गइल रहल। महंत कमरा के लाइट बंद कs देहले रहल। किशोरी नाइ मनलस त महंत कथित तौर पर ओकर मुंह दबा के दुष्कर्म कइलस। किशोरी के फोन से ही विनोद के बोलावल गइल अउर ओके बाहर छोड़ देहल गइल।  विनोद पांडेय के एगो साथी किशोरी के छोड़े गइल रहल। जइसही ऊ नाबालिग के उतरस उहवाँ ओकर परिचित लउकने अउर ऊ दौड़ के उनके लग्गे गइल ।उहवाँ से ऊ नाबालिग के पुलिस के पास ले गइने अउर महिला पुलिस अधिकारी के ऊ आपबीती सुनवलस। पुलिस विनोद पांडेय के गिरफ्तार क लेहले बिया बा अउर महंत की तलाश जारी बा।

233610cookie-checkरीवा: वीआईपी गेस्ट हाउस में रुकल महंत पर नाबालिग से दुष्कर्म के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.