सीवान: डबल मर्डर से बवाल, मुखिया पति आ भांजा के गोली मार के हत्या

Anurag Ranjan

WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]
SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (23415) AND type = 4

सीवान: बिहार के सीवान से बड़ खबर आ रहल बा। एजा बदमास मुखिया पति आ उनका भांजा के गोली मार के हत्या कs देले बाड़े सs। घटना हुसैनगंज थाना क्षेत्र के हs। बियफे के भोर में अपराधी बघौनी पंचायत के मुखिया पति विश्वकरमा बिन के आ उनका भांजा के मौत के घाट उतार देले बाड़े सs। चउका देवे आला बात ई बा कि दुनों के लाश अलग-अलग थाना क्षेत्र से मिले के खबर बा। एह वारदात के बाद खून से सनाइल लाश के देख के इलाका में दहशत फइल गइल बा। अगल-बगल के गाँव के लोगन के भीड़ जुट गइल बा। घटना के सूचना मिलते पुलिस घटना के जगे पहुंचल बिया। ममिला के पड़ताल सुरू हो गइल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।