Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: वारदात होइतही सक्रिय हो जाई पुलिस के ‘त्रिनेत्र’, अइसे करी काम

169

गोरखपुर शहर में सीसीटीवी कैमरा के जाल बिछले के बाद अब एकर इस्तेमाल वारदात होखले से ले के बदमाश पकड़ने तक में करे खातिर त्रिनेत्र सेल के गठन कs दिहल गइल बा। सेल में एक इंस्पेक्टर, एक दरोगा अउर सिपाहियन के तैनाती भी कs दीहल गइल बा। ई नियमित रूप से नजर रखिहें अउर वारदात होइतही तत्काल कैमरा के मदद से बदमाशन के धरपकड़ में लग जइहें।

शहर में आईटीएमएस के अलावा एडीजी अखिल कुमार के ऑपरेशन त्रिनेत्र के मदद से 176 जगह पर कैमरा लाग गइल बा। एह सब कैमरा के जोड़ के कंट्रोल रूम बनावल गइल बा। एकरे मदद से अभिन ले खाली शहर के यातायात के संचालित कइल जात रहे, लेकिन अब अपराध के रोके अउर अपराध होखले पर जल्दी बदमाश के दबोचे में भी एकर इस्तेमाल कइल जाई। एकरे खातिर एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर त्रिनेत्र सेल गठित कs के ओमें पुलिसकर्मियन के तैनातियो कs दिहले बानें। इनके विशेष ट्रेनिंगो जल्दिए दे दिहल जाई। फिलहाल, सेल काम कइल शुरू कs दिहले बा।

अइसे करी काम

  • वारदात रोके खातिर संदिग्धन पर कैमरा के मदद से नजर रखिहें।
  • वारदात होखले पर बदमाशन के भागे के स्थान पर कैमरा से नजर रखिहें।
  • सुराग मिलतही फील्ड में सक्रिय पुलिस टीम के एकर जानकारी दीहें।
  • वाहन के नंबर के आधार पs नाम, पता भी हासिल करिहें।
  • बदमाश के पकड़इले पर फुटेज के वैज्ञानिक साक्ष्य के तौर पर प्रस्तुत करिहें।

त्रिनेत्र में बेहतर काम करे वाले बीपीओ के कइल गइल सम्मानित

त्रिनेत्र अभियान के तहत हर घर कैमरा अभियान में रुचि ले के लोग के जागरूक करे वाले बीपीओ (बीट पुलिस अधिकारी) अजय कुमार चौधरी के बियफे के एडीजी सम्मानित कइलें। एडीजी अखिल कुमार प्रशस्तिपत्र दे के बीपीओ के काम के सराहना कइलें। एडीजी के मुताबिक, ऊ शाहपुर के पादरीबाजार में गश्त कर हर घर कैमरा खातिर पुलिस के कइल गइल प्रयास के बारे में जाने पहुंचलें त बीपीओ के काम बेहतर मिलल। एकरे पहिले तिवारीपुर अउर गोरखनाथ में बेहतर काम न मिलले पर बीपीओ लाइनहाजिरो कइल गइल रहनें।

कहां केतना लागल बा कैमरा

ब्लॉक- कैमरन के संख्या
बांसगांव- 02
बड़हलगंज- 10
भटहट-12
ब्रह्मपुर- 08
कैंपियरगंज- 12
चरगांवा- 03
गोला- 08
जंगल कौड़िया- 03
पाली-05
पिपराइच- 05
सहजनवां- 05
सरदारनगर- 06
कौड़ीराम- 15
भरोहिया- 06
पिपरौली- 08
उरुवां- 04
कुल- 112

398680cookie-checkगोरखपुर: वारदात होइतही सक्रिय हो जाई पुलिस के ‘त्रिनेत्र’, अइसे करी काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.