Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अपनिए फायरिंग बट में निशानेबाजी के अभ्यास करी गोरखपुर पुलिस, शासन से मिलल मंजूरी

182

निशानेबाजी के अभ्यास खातिर गोरखपुर पुलिस के अब दूसरे के फायरिंग बट के इस्तेमाल नाइ करे के होई। जल्दिए पुलिस के लग्गे आपन फायरिंग रेंज होई। एकरे शासन से मंजूरी मिलले के सथही फर्टिलाइजर में जमीनो तलाश लीहल गइल बा। जल्दिए निर्माण काम शुरू होखले के उम्मीद बा। अभिन पुलिस वालन के अभ्यास खातिर एसएसबी के फायरिंग बट में जाए के पड़sला। एकरे खातिरो कई बेर पत्राचार करे के होला, तब समय मिल पावsला।

जानकारी के मुताबिक, गोरखपुर खुद जिला मुख्यालय ह। एडीजी जोन अउर डीआईजी रेंजो इहवें कैंप करेने, लेकिन अभिन ले इहां पs फायरिंग बट नाइ बनल रहे। एह वजह से पुलिस वालन के अभ्यास प्रभावित होला। उनके एसएसबी के फायरिंग बट में अभ्यास करे के पड़sला। अइसे में कई बेर उहां समय नाइ मिल पवले पर दूसरे जिला में जाए के पड़sला।

अपने फायरिंग रेंज के अभाव में गोरखपुर पुलिस मानक के अनुसार निशानेबाजी के अभ्यास नाइ कs पावेले। एकर खामियाजा कई बेर अपराधियन से मुठभेड़ में भी उठावे के पड़sला। अब गोरखपुर पुलिस के लग्गे आपन फायरिंग रेंज होखले से ई समस्या समाप्त हो जाई।

एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई कहनें कि फायरिंग रेंज खातिर फर्टिलाइजर के लग्गे 30 एकड़ जमीन मिल गइल बा। जल्दिए एकर निर्माण शुरू हो जाई। एकरे बाद गोरखपुर पुलिस के निशानेबाजी के अभ्यास में आसानी होई।

400020cookie-checkअपनिए फायरिंग बट में निशानेबाजी के अभ्यास करी गोरखपुर पुलिस, शासन से मिलल मंजूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.