मशरक थाना परिसर मे जनता दरबार आयोजित, 10 मे से 4 ममिलन के भइल निष्पदान

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2022

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना परिसर मे बिहार सरकार के आदेस के मोताबिक भूमि सम्बंधित ममिलन के निष्पदान करे खातिर सनीचर के अंचल निरीक्षक महेन्दर राम जनता दरबार लगवलें। जेमे नया ममिला 3

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना परिसर मे बिहार सरकार के आदेस के मोताबिक भूमि सम्बंधित ममिलन के निष्पदान करे खातिर सनीचर के अंचल निरीक्षक महेन्दर राम जनता दरबार लगवलें। जेमे नया ममिला 3 गो आइल, ओमे से दु गो के निष्पदान कs दिहल गइल।

ओहिजा पहिले के 7 ममिला रहे, जवना में दुनो फरियादियन के उपस्थिति मे दु गो ममिलन के निष्पदान कs दिहल गइल। 6 गो भूमि सम्बंधित ममिलन के जांच मे डाल दिहल गइल। अगिला सनीचर के निष्पदान कइल जाई। मवका पs प्रशिक्षु दारोगा आशुतोष कुमार, अंचल कार्यालय के बड़ा बाबू शशिकांत कुमार उपस्थित रहलें। 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.