Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक थाना परिसर मे जनता दरबार आयोजित, 10 मे से 4 ममिलन के भइल निष्पदान

260

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना परिसर मे बिहार सरकार के आदेस के मोताबिक भूमि सम्बंधित ममिलन के निष्पदान करे खातिर सनीचर के अंचल निरीक्षक महेन्दर राम जनता दरबार लगवलें। जेमे नया ममिला 3 गो आइल, ओमे से दु गो के निष्पदान कs दिहल गइल।

ओहिजा पहिले के 7 ममिला रहे, जवना में दुनो फरियादियन के उपस्थिति मे दु गो ममिलन के निष्पदान कs दिहल गइल। 6 गो भूमि सम्बंधित ममिलन के जांच मे डाल दिहल गइल। अगिला सनीचर के निष्पदान कइल जाई। मवका पs प्रशिक्षु दारोगा आशुतोष कुमार, अंचल कार्यालय के बड़ा बाबू शशिकांत कुमार उपस्थित रहलें। 

400350cookie-checkमशरक थाना परिसर मे जनता दरबार आयोजित, 10 मे से 4 ममिलन के भइल निष्पदान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.