Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: वंदेभारत खातिर मानीराम में बनि नया कोचिंग डिपो, ई होई सुविधा

226

Gorakhpur News: वंदेभारत ट्रेन के मरम्मत आ धुलाई खातिर मानीराम में नया कोचिंग डिपो बनि। रेल प्रशासन जमीन चिह्नित कर लेले बिया आ एकरा खातिर सर्वे करा लिहल गइल बा। नया कोचिंग डिपो में सब अत्याधुनिक सुविधा मौजूद रहीं। एकरा बन गइला से ट्रेन के मरम्मत आ धुलाई में देरी ना होई।

गोरखपुर से अयोध्या होत वंदेभारत लखनऊ के रास्ते इलाहाबाद तक जाले। ए ट्रेन के मरम्मत आ धुलाई अभी न्यू वाशिंग पिट पऽ हो रहल बा। भविष्य में गोरखपुर से वाराणसी-प्रयागराज, गोरखपुर-पटना, गोरखपुर-दिल्ली आ गोरखपुर से आगरा खातिर वंदेभारत ट्रेन चलावे के तइयारी चल रहल बा।

वइसे में वंदेभारत एक्सप्रेस के मरम्मत खातिर अलग कोचिंग डिपो के जरूरत महसूस कइल जा रहल बा।

एही क्रम में रेल प्रशासन मानीराम रेलवे स्टेशन के लगे नया कोचिंग डिपो बनावे के निर्णय लेले बिया। ए डिपो में 26 कोच के रेक के खातिर वाशिंग पिटो बनि। वंदेभारत ट्रेन के एक रेक बा जवन अइला के बाद ओकरे के भेजल जाला। वइसे में कोच के मरम्मत आ नियमित जांच के काम तत्काल होखे के चाहीं। अलग कोचिंग डिपो होखला से ई काम आसान हो जाई।

न्यू कोचिंग डिपो में बनि नया वाशिंग पिट

गोरखपुर। रेलवे के नया कोचिंग डिपो में अब नया वाशिंग पिट बनावल जाई। पुराने पिट के ऊंचाई अधिक ज्यादा ना होखला से कोच के मरम्मत में दिक्क्त हो रहल बा। वइसे में पुरनका वाशिंग पिट के जगहि नया वाशिंग पिट तइयार कइल जाई। एकरा से ट्रेनों के मरम्मत में आसानी होई।

786090cookie-checkGorakhpur News: वंदेभारत खातिर मानीराम में बनि नया कोचिंग डिपो, ई होई सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.