बिहार में 4 दिन तक लू से मिली राहत: 10 आ 13 अप्रिल के बरखा के आसार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 9, 2024

बिहार के सब जिलन में मौसम आज सामान्य बनल रही। दिन में घाम निकली। ओहिजा, प्रदेश में पिछला एक हफ्ता से चल रहल गरम हवा से सोमार के तनिका राहत मिलल बा। अगिला चार दिन

Share

बिहार के सब जिलन में मौसम आज सामान्य बनल रही। दिन में घाम निकली। ओहिजा, प्रदेश में पिछला एक हफ्ता से चल रहल गरम हवा से सोमार के तनिका राहत मिलल बा। अगिला चार दिन आउर राहत मिलला के संभावना बा। सोमार के मधुबनी जिला सबसे गरम रहल। जहां के अधिकतम तापमान 39.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

मौसम विभाग साफ कइलस कि अगिला 48 घंटा तक राज्य में हवा के गति 30 किलोमीटर प्रति घंटा तक रह सकत बा। फिलहाल लू चले के आशंका नइखे। ओहिजा, राज्य में दिन के तापमान में अगिला चार दिन तक गिरावट अइला के पूर्वानुमान जारी कइल गइल बा।

एकरो के पढ़ी : छपरा रूट से चले वाली ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव : मैहर स्टेशन पs पांच मिनट रुकी ट्रेन, आज से 29 अप्रैल तक यात्रियन के मिली सुविधा

10 आ 13 अप्रैल के बरखा के संभावना

मौसम विभाग के मोताबिक 10 अप्रिल आ ओकरा बाद 13 अप्रिल के पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय होखला के संभावना बा। एकरा प्रभाव से ओह दिनन में उत्तरी बिहार में कुछ जगहन पs बरखा हो सकत बा।

कहां केतना दर्ज कइल गइल अधिकतम तापमान

पिछला 24 घंटा के दौरान सबसे जादे मधुबनी जिला के अधिकतम तापमान 39.6 डिग्री सेल्सियस रहल। एकरा अलावे भोजपुर के 39.3 डिग्री, मोतिहारी 39.5 डिग्री, पटना 38.1 डिग्री, औरंगाबाद 38.9 डिग्री, गया 37.9 डिग्री, नवादा 37.8 डिग्री, बेगूसराय 38 डिग्री, वाल्मीकीनगर 38.1 डिग्री। एकरा अलावे आउर जिलन के अधिकतम तापमान 40 डिग्री सेल्सियस के नीचे दर्ज कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.