गुवाहाटी से श्रीगंगानगर तक विशेष ट्रेन के संचालन : सीवान रेलवे स्टेशन पs होई ठहराव, छपरा के यात्रियन के मिली लाभ

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 10, 2024

सीवान से होके गुजरे वाली गुवाहटी-श्रीगंगानगर विशेष ट्रेन के संचालन रेलवे के ओर से 15 अप्रिल के कइल जाई। एकर जानकारी देत पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि यात्रियन के सुविधा के

Share

सीवान से होके गुजरे वाली गुवाहटी-श्रीगंगानगर विशेष ट्रेन के संचालन रेलवे के ओर से 15 अप्रिल के कइल जाई। एकर जानकारी देत पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि यात्रियन के सुविधा के धेयान में रखत एह विशेष ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा।

ई ट्रेन 15 अप्रिल दिन सोमार के एकल यात्रा करी, जवन अगिला दिन 16 अप्रिल के सीवान पहुंची। मालूम होखे कि 15 अप्रिल के गुवाहाटी से सांझ छह बजे ट्रेन खुली। एकरा बाद कामाख्या, गोलपारा, कोकराझार, न्यू जलपाईगुड़ी, किशनगंज, कटिहार, बेगूसराय, बरौनी, हाजीपुर के रास्ते 16 अप्रिल के संध्या चार बजे सीवान पहुंची।

ओहिजा देवरिया, गोरखपुर, मनकापुर, अयोध्या के रास्ते तीसरका दिन 17 अप्रिल के लखनऊ पहुंची। ओहिजा, फेर कानपुर होखते इटावा, जयपुर, सीकर, चुरू, रतनगढ़, बीकानेर के रास्ते 18 अप्रिल के सबेरे के 6:45 बजे श्री गंगानगर पहुंची। बता दीं कि एह ट्रेन में शयन यान श्रेणी के 15 कोच, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के दु कोच, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 1 कोच आ जिएसएलआर के दुगो कोच सहित कुल 20 कोच लगावल जाई। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के सुविधा मिली। एकरा अलावे आसपास के कइयन क्षेत्रन के लोग एकर लाभ उठा सकी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.