[the_ad_group id="30365"]

Ram Mandir Donation Theft : अब ट्रस्टी, बैंक कर्मी आ सुरक्षाकर्मियन से होई पूछताछ, पुलिस तेज कइलस जांच

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या। राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में पुलिस के जांच लगातार आगे बढ़ रहल बा। एह ममिला में गिरफ्तार आठो आरोपियन से पुलिस पूछताछ पूरा कs चुकल बिया। अब जांच के अगिला चरण में राम मंदिर ट्रस्ट के सदस्य, बैंक कर्मी आ गणना कक्ष के निगरानी करे वाला सुरक्षाकर्मी पुलिस के रडार पs आ गइल बा लोग। पुलिस जल्दिये एह सब लोगन से पूछताछ सुरू करे वाला बिया।

सूत्रन के मोताबिक, पुलिस कस्टडी रिमांड के दौरान आरोपियन से कइयन गो महत्वपूर्ण जानकारी मिलल बा। अब ओह जानकारी के आधार पs ट्रस्ट से जुड़ल अधिकारी, बैंक कर्मी आ सुरक्षा बेवस्था में तैनात लोगन से सवाल-जवाब कइल जाई। एह सब के बयान लिखित रूप में दर्ज कइल जाई, हालांकि एसआईटी पहिलहू एह लोगन के बयान ले चुकल बिया।

5 जून के सामने आइल रहे चढ़ावा चोरी के ममिला

राम मंदिर में चढ़ावा चोरी के ममिला 5 जून के सामने आइल रहे। ममिला सार्वजनिक होखला के बाद उत्तर प्रदेश सरकार एसआईटी के गठन कइलस। जांच में आठ लोगन के दोषी मानल गइल, जवना के बाद 25 जून के राम मंदिर ट्रस्ट के सदस्य कृष्णमोहन थाना रामजन्मभूमि में एफआईआर दर्ज करववलें।

एह लोगन पs लागल बा चोरी के आरोप

पुलिस एह ममिला में गणना प्रभारी सुभाष श्रीवास्तव, रामशंकर यादव टिन्नू, अविनाश शुक्ल, अनुकल्प मिश्र, लवकुश मिश्र, करुणेश पांडेय, रमाशंकर मिश्र आ मनीष यादव के गिरफ्तार कs के जेल भेज चुकल बिया। ई सब लोग चढ़ावा के गिनती से जुड़ल रहे।

चरणबद्ध तरीका से मिलल पुलिस रिमांड

सबसे पहिले 2 जुलाई के अविनाश शुक्ल के पुलिस रिमांड मिलल। ओकरा बाद 7 जुलाई के अनुकल्प मिश्र, लवकुश मिश्र आ करुणेश पांडेय, जबकि 14 जुलाई के सुभाष श्रीवास्तव आ रमाशंकर मिश्र के पुलिस रिमांड मंजूर भइल।

17 जुलाई के पुलिस सबसे अहम आरोपी मानल जा रहल रामशंकर यादव टिन्नू आ ओकर भतीजा मनीष यादव के 39 घंटा खातिर रिमांड पs लेलस। पूछताछ के दौरान दुनो आरोपी कइयन गो महत्वपूर्ण जानकारी पुलिस के दिहल लो।

नकदी, गहना आ संपत्ति से जुड़ल दस्तावेज बरामद

पुलिस रिमांड के दौरान आरोपियन के लगे से नकदी, गहना, वाहन आ संपत्ति से जुड़ल कइयन गो दस्तावेज बरामद भइल बा। अब पुलिस एह सब के जांच कs रहल बिया ताकि चोरी के पूरा नेटवर्क के खुलासा हो सके।

सीसीटीवी फुटेज के आधार पs आगे बढ़ी जांच

पुलिस गणना कक्ष के सीसीटीवी फुटेज हासिल कs लेले बिया। जांच एजेंसी अब आरोपियन के बयान, बरामद सबूत आ सीसीटीवी फुटेज के मिलान कs के पूरा ममिला के तह तक पहुंचे के कोसिस कs रहल बिया। पुलिस के माने के बा कि अगिला चरण के पूछताछ से ममिला में आउर कइयन गो अहम खुलासा हो सकेला।

राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में अब जांच के फोकस ट्रस्ट प्रबंधन, बैंक प्रक्रिया आ सुरक्षा बेवस्था पs बा। पुलिस के उम्मेद बा कि एह पूछताछ से चोरी के पूरा साजिश सामने आ जाई आ दोषियन पs सख्त कार्रवाई होई।

Read Also: Agniveer Reservation : पूर्व अग्निवीरन खातिर CAPF आ असम राइफल्स में 50% आरक्षण, केंद्र सरकार के बड़ एलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]