Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर महोत्सव: सजे लागल मंच, 25 हजार लोग एक साथे ले सकेंला आनंद

745

 

11 से 13 जनवरी ले आयोजित गोरखपुर महोत्सव के तइयारी तेज हो गइल बा। एकर आयोजन चंपा देवी पार्क में होखे वाला बा। महोत्सव पंडाल के काम बुध के दिने पार्क में शुरू हो गइल। आठ जनवरी ले पंडाल के तइयारी करे के लक्ष्य राखल गइल बा। करीब 25 हजार लोग के बईठे के इंतजाम हो रहल बा।

अबकी गोरखपुर महोत्सव में 35 गो फूड स्टॉल लगावल जाई। एह स्टॉलन में रउरा देश भर के व्यंजन के स्वाद मिल जाई। एकरा अलावे लोग इटैलियन व्यंजन के स्वाद भी ले सकेले। खाना में अबकी के खास आकर्षण केसर के दूध अवुरी राजस्थान के रबड़ी-जलेबी होई। एकरा अलावे अबकी बेर महोत्सव के दौरान पुस्तक मेला में 25 गो स्टॉल लगावल जाई।

एहमें राजकमल समेत देश भर के प्रमुख प्रकाशकन के स्टॉल लागी। पहिला बेर गोरखपुर महोत्सव में गीता प्रेस के स्टॉल भी होई। महोत्सव के दौरान विज्ञान मेला के आयोजन भी होखे वाला बा। एह विज्ञान मेला में देश भर के उभरत बाल वैज्ञानिक आपन मॉडल देखाईहें। ई मेला वीर बहादुर सिंह नक्षत्रशाला के देखरेख में होखी। महोत्सव में एक जिला एक उत्पाद (ओडीओपी) के 35 स्टॉल, हैंडलूम के 10 स्टॉल अवुरी खादी के पांच स्टॉल होई। एह महोत्सव में 50 गो व्यावसायिक स्टॉल होखी जवना में देश भर के उत्पाद बेचल जाई।

17 तारीख ले शिल्प मेला 

महोत्सव परिसर में होखे वाला शिल्प मेला में भाग लेबे खातिर उत्तराखंड, राजस्थान, जम्मू-कश्मीर, कर्नाटक आ उत्तर प्रदेश के विभिन्न जिला के सौ से अधिका कारीगर गोरखपुर महोत्सव चहुँप जइहें। एह शिल्प मेला के गोरखपुर महोत्सव के शुरुआत से सजावल जाई। भले ही महोत्सव तीन दिन के होखे लेकिन शिल्प मेला सात दिन तक चलत रही। एह मेला में हर साँझ सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल जाई। शिल्प मेला के समापन 17 तारीख के कवि सम्मेलन से होई।

अबकी बेर गोरखपुर महोत्सव में भी बॉलीवुड आ भोजपुरी नाईट के आयोजन होई। बॉलीवुड नाईट में प्राक, सुरेश वाडेकर, कनिका कपूर आ भोजपुरी कल्पना पटवारी आपन प्रस्तुति दीहें। एकरा अलावे 250 से अधिका स्थानीय कलाकार मंच पs भी आपन प्रस्तुति दिहे।

गोरखपुर महोत्सव समिति के सचिव रविन्द्र कुमार मिश्रा कहले कि गोरखपुर महोत्सव के तइयारी शुरू हो गइल बा। पंडाल के स्थापना के काम शुरू हो गईल बा। 8 जनवरी ले पंडाल तैयार हो जाई। महोत्सव खातिर स्टॉल आवंटन के प्रक्रिया भी चल रहल बा।

 

 

 

706670cookie-checkगोरखपुर महोत्सव: सजे लागल मंच, 25 हजार लोग एक साथे ले सकेंला आनंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.