[the_ad_group id="30365"]

Bigg Boss 17 के इs कंटेस्टेंट के हाल होई दूध में पड़ल मक्खी खान, अकिंता लोखंडे चलीहें बड़न चाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

‘बिग बॉस 17’ में अभिषेक कुमार समर्थ जुरेल के थप्पड़ मार देहले रहन, जेकरा बाद मेकर्स घर वालन पs ई फैसला छोड़ले रहले कि उ अभिषेक के सलमान खान के सो से बहरा करल चाहत बांटे आ मौका देहल चाहत बाटें। अबे कैप्टन अंकिता लोखंडे अभिषेक के लेके आपन फैसला बत‌उली हs।

हर गुजरत हफ्ता के साथे सलमान खान के लोकप्रिय रियलिटी सो ‘बिग बॉस 17’ में न‌उका चौंकावे वाला मोड़ देखे के मिलेला। हाले में समर्थ जुरेल के साथे भ‌इल थप्पड़ इंसिडेंट के बादे मेकर्स घरवालन पs ई फैसला छोड़ले रहे उ अभिषेक के सलमान खान के सो से बहरे करल चाहत बा आ मउका दिंहे। अभिषेक कुमार, समर्थ जुरेल आ ईशा मालविया के बीचे लड़ाई भ‌इले के बादे उनकरा के थप्पड़ मार देहलें। अब सोशल मीडिया पs इs कहल जात रहल बा के एक्टर के कैप्टन अंकिता लोखंडे सो से बाहरे क‌इल दिहल बा। नेटिजन्स ईs घटना पs सोशल मीडिया पs आपन विचार पेश क‌इन ह।

अकिंता लोखंडे अभिषेक के क‌इली एलिमिनेट

माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स पs कई गो वायरल पोस्ट के अनुसार, बिग बॉस शो मे अभिषेक के किस्मत कप्तान अकिंता लोखंडे के हाथ में छोड़ दिहल बा आ एही के साथे ओमे से महत्वपूर्ण नियम में से एगो तुड़ के अभिषेक के शो से बहरे करे के फैसिला क‌इलें। ई दावा पs प्रतिक्रिया व्यक्त करत , कई लोग माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs ई निर्णय के विरोध क‌इल ह। लोग बिग बॉस में भ‌इल ई विवाद पs आपन प्रतिक्रिया जाहिर क‌इल। अभिषेक कुमार के टीवी स्टार्स आ बॉलीवुड सितारन के सपोर्ट मिल रहल बा।

इहां देखी रिएक्शन-

अभिषेक के सपोर्ट में उतरन फैंस

एगो व्यक्ति लिखले, ‘खाली अभिषेक ई अंकिता के खिलाफ आवाज उठोलें, निर्माता ए हारल व्यक्ति के अभिषेक के बहरे निकले के शक्ति दे दिहल? इ बहुत गलत हs।’ एगो अन्य कहल, ‘गलत एलिमिनेशन में उ वापस अइयें।’ एगो शख्स लिखने, ‘हमके पता रहल की उ एलिमिनेट हो जाई लेकिन अंकिता काहें अइसन क‌इली? हदे बा यार वोटिंग कs कवनो वैल्यू नाही हs खाली कैप्टन कैप्टन खेल।’ अंकिता लोखंडे के अभिषेक कुमार के एविक्ट करे के फैसला लोगन के पसंद नाहीं आवत बा।

अभिषेक कुमार-समर्थ जुरेल के लड़ाई

रउरा के बता देंई कि कुछ दिन पहिले अंकिता लोखंडे-मुनव्वर फारुकी आ समर्थ जुरेल थप्पड़ मरले के घटना पs बात करते नजर आइल रहन। अभिषेक कुमार ने समर्थ जुरेल के लगातार उकसवले के बादे उनकरा मरले रहने। ईशा मालविया के साथे लड़ाई के दौरान उनकरी मेंटल हेल्थ के बारे में मजाक क‌इलन। रउरा के बता देंई के कुछ दिन पहिले अंकिता लोखंडे-मुनव्वर फारुकी आ समर्थ जुरेल थप्पड़ मारे के घटना पs बात करत नजर आ‌इल रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]