[the_ad_group id="30365"]

Christian Oliver: हॉलीवुड अभिनेता क्रिश्चियन ओलिवर के प्लेन क्रैश में मउत, हादसा में दु गो बेटी के भी गईल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हॉलीवुड से एगो दुखद खबर सामने आइल बा। अभिनेता क्रिश्चियन ओलिवर आ उनुकर दुनु बेटी के मउत हो गइल बा। जानकारी के मुताबिक उनुकर विमान उड़ान भरला के तुरंत बाद कैरेबियन सागर में गिर गईल। ओलिवर, जॉर्ज क्लूनी के साथे बड़का परदा पर “द गुड जर्मन” आ 2008 के एक्शन-कॉमेडी “स्पीड रेसर” में नजर अइलें।

उनुका मउत के पुष्टि रॉयल सेंट विंसेंट अवुरी ग्रेनेडाइंस पुलिस फोर्स कईले बिया। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक घटना के बाद मछुआरा, गोताखोर अवुरी तटरक्षक तुरंत मउका पs पहुंचले, जहां से चार लाश बरामद भईल। मरेवाला लोग के पहचान 51 साल के ओलिवर, उनुकर दु बेटी मदिता (10 साल), एनिक (12 साल) अवुरी पायलट रॉबर्ट सैक्स के रूप में भईल बा।

बतावल जाता कि बीयफ़ें के दुपहरिया के कुछ समय बाद इs विमान ग्रेनाडाइन्स के एगो छोट द्वीप बेक्विया से सेंट लूसिया के ओर जात रहे। मानल जाता कि अभिनेता आपन परिवार के संगे छुट्टी मनावत रहले। कुछ दिन पहिले ओलिवर इंस्टाग्राम पs एगो उष्णकटिबंधीय समुद्र तट के तस्वीर पोस्ट कईले रहले अवुरी कैप्शन में लोग के नया साल के शुभकामना देले रहले। उ लिखले कि, ‘स्वर्ग में कहीं से शुभकामना…कम्यूनिटी अवुरी प्रेम खातीर…2024 हमनी के इहाँ बानी जा।

ओलिवर के कैरियर के बात करीं तs ऊ 60 से अधिका फिल्म आ टीवी शो के हिस्सा रहल रहले। जवना में टॉम क्रूज के फिल्म “वाल्किरी” में एगो छोट भूमिका भी शामिल रहले।

इनके कैरियर के सुरुआती भूमिका सभ में टीवी सीरीज “सेवड बाई द बेल: द न्यू क्लास” आ फिलिम “द बेबी-सिटर्स क्लब” सामिल रहल। एकरे अलावा ऊ जर्मन भाषा के लोकप्रिय शो “अलार्म फर कोबरा 11” में भी दू सीजन ले अभिनय कइलें।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]