Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखनाथ मंदिर अउर CM योगी के बम से उड़वले के मिलल रहल धमकी

PAC जवानन पs हमला के कड़ियन के जोड़ले में जुटल ATS

169

रविवार की देर साँझ गोरखनाथ मंदिर में तैनात पीएसी जवानों पर सिरफिरे ने हमला कs देहलस। फरवरी में गोरखनाथ मंदिर अउर सीएम योगी आदित्‍यनाथ के बम से उड़वले की धमकी मिलल रहल। ATS जांच शुरू कs देहले बा।

एही बरिस फरवरी महीना के पहिले हफ्ता में गोरखनाथ मंदिर अउर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़वले के धमकी मिलल रहल। चार फरवरी के रात लेडी डॉन नाम के एगो ट्विटर हैंडल से कइले गइल ट्वीट में मेरठ अउर लखनऊ के विधानसभा में बम धमाका की धमकी देहल गइल रहल। एकरे बाद पुलिस अफसर एहतियातन गोरखनाथ मंदिर में चेकिंग केवले रहल। रविवार के देर साँझ गोरखनाथ मंदिर के मुख्य गेट पर सुरक्षा में तैनात पीएसी के दू जवानन पर धारदार हथियार लेके एगो सिरफिरा हमला कs देहलस। स्‍थानीय पुलिस के साथ एटीएस  मामला के  जांच शुरू कs देहले बा।

सुरक्षा के ले के अउर ज्यादा सतर्कता बरतले के दावा कइले रहल। धमकी देवे वाले के खिलाफ पुलिस केसो दर्ज कs लेहले रहल। तलाश में एगो टीमो गइल रहल लेकिन ऊ पकड़ाइल नाइ अउर मामला के ठंडा बस्ता में डाल देहल गइल। बीतल चार फरवरी के रात एक के बाद एगो कs के तीन ट्वीट कइल गइल। लेडी डॉन नाम के एगो ट्विटर हैंडल से कइल गइल पहिले ट्वीट में लिखल रहे कि यूपी विधानसभा लखनऊ, रेलवे स्टेशन अउर बस अड्डा पर बम लगा देहल गइल बा। इहो लिखल रहल कि योगी आदित्यानाथ की भी हत्या हो जाई। एक्के घंटा बाद भीम सेना के अध्यक्ष सीमा सिंह योगी आदित्यनाथ के मानव बम बनके मरिहें। राशिद बम लगा देहले बा। एहके बादे पुलिस हरकत में आ गइल।

तब्बे फिर ट्वीट कइल गइल कि गोरखनाथ मठ में आठ जगह सुलेमान भाई बम लगा देहले बाने, योगी आदित्यनाथ के चीथड़ा उड़ जाई। मेरठ में दस जगह बम ब्लास्ट के बात लिखल गइल रहल। जब ई ट्वीट आवत रहल तब सीएम योगी गोरखपुरे में रहने, लिहाजा इहवाँ के सुरक्षा अउर ज्यादा बढ़ा देहल गइल रहल। अफसर गोरखनाथ मंदिर के चप्पा-चप्पा के तलाशी लेहने सब। केस दर्ज होखले के बाद टीम आरोपी के तलाश में गुरुग्राम ले गइल रहल। धमकी देवे वाला पकड़ा नाइ जा पवलस।

सुरक्षा के निगरानी में लागल बाने एएसपी
गोरखनाथ मंदिर सुरक्षा खातिर एडिशनल एसपी के तैनाती कइल गइल बा। सुरक्षा व्यवस्था के जिम्मेदारी 875 पुलिसकर्मी संभाल रहल बाने। पीएसी जवानन के भी लगावल गइल बा। गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षा घेरा काफी मजबूत कइल गइल बा। एसपी लाल भारत कुमार के मंदिर सुरक्षा प्रभारी के रूप में तैनात कइल गइल बा। मंदिर परिसर में बम निरोधक दस्ता स्थायी तौर पर तैनात बा। इहवाँ के सुरक्षा घेरा के मजबूती देवे खातिर एगो प्लाटून पीएसी लगावल गइल बा। मंदिर परिसर में पुलिस चौकी बनावल गइल बा। परिसर के सुरक्षा खातिर 875 पुलिसकर्मियन अउर सुरक्षाकर्मियन के तैनात कइल गइल बा। गोरखनाथ मंदिर परिसर में सुरक्षाकर्मियन के तैनाती त बा ही, गेट पर स्कैनर लगावल गइल बा।

236150cookie-checkगोरखनाथ मंदिर अउर CM योगी के बम से उड़वले के मिलल रहल धमकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.