Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्व मुखिया गोपाल सिंह के शिक्षक पुत्र के नियोजन रद्द करत स्कूल में आवे पs वर्तमान मुखिया लगवले रोक

186

पूर्व मुखिया गोपाल सिंह के शिक्षक पुत्र के नियोजन रद्द करत स्कूल में आवे पs वर्तमान मुखिया लगवले रोक

राज्य अपीलीय प्राधिकार,प्रखण्ड कार्यालय आ नियोजन इकाई के आधार पs शिक्षक राजन कुमार सिंह के नियोजन भइल बा रद्द

रघुनाथपुर प्रखण्ड के पंजवार पंचायत के पूर्व मुखिया गोपाल सिंह के शिक्षक पुत्र राजन कुमार सिंह के नियोजन रद्द करत स्कूल में आवे पs रोक लगा देले बाड़े वर्तमान मुखिया राकेश कुमार सिंह उर्फ मुन्ना सिंह।
जिला के रघुनाथपुर प्रखण्ड अंतर्गत न्यू प्राथमिक विद्यालय मियां के पोखरी के शिक्षक राजन कुमार सिंह के नियोजन रद्द करे सम्बंधित राज्य अपीलीय प्राधिकार पटना के वाद संख्या-39/19 12.01.2022,प्रखण्ड कार्यालय के पत्रांक-300/26.02.2022 आ नियोजन इकाई पंजवार कार्यालय के पत्रांक संख्या-1/4.3.2022 के आधार पs 30 अप्रिल 2022 दिन के 2 बजे के बाद शिक्षक राजन कुमार सिंह के नियोजन के रद्द करत विद्यालय में आवे से रोक के जानकारी शिक्षक राजन कुमार सिंह के, सम्बंधित विद्यालय प्रधान के,प्रखण्ड कार्यालय के , जिला शिक्षा पदाधिकारी कार्यालय के आ जिला कार्यक्रम पदाधिकारी सीवान के सूचनार्थ देले बा पंचायत कार्यालय पंजवार । एह सन्दर्भ में शिक्षक राजन कुमार सिंह के पिता आ पूर्व मुखिया गोपाल सिंह बतवले कि पंचायत नियोजन इकाई द्वारा नियोजन रद्द करे के खिलाफ पटना हाईकोर्ट से Stay of proses के ऑर्डर मिल गइल बा। खबर लिखल जाए तक ऑर्डर के कॉपी पूर्व मुखिया द्वारा उपलब्ध ना करावल जा सकल।

250770cookie-checkपूर्व मुखिया गोपाल सिंह के शिक्षक पुत्र के नियोजन रद्द करत स्कूल में आवे पs वर्तमान मुखिया लगवले रोक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.