Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू कश्मीर में 24 घंटा में दुगो टारगेट हत्या : अब एसपीओ घर में ढुक के गोली चला दिहलस

कश्मीरी पंडित कहले – सरकारी दावा असफल भईल

131

जम्मू कश्मीर में 90 के दशक में जवन टारगेट किलिंग के दौर आइल रहे ऊ फेर लवट आइल बा. आतंकी जवान के संगे कश्मीरी पंडित के निशाना बनावत बाड़े। बियफे का सबेरे आतंकी घर में घुस के पुलवामा के एसपीओ पर गोली चला दिहले. अस्पताल में उनुकर मौत हो गईल। कश्मीर में 24 घंटा के भीतर हत्या के इ दूसरा घटना बा। एकरा बाद घाटी में तनाव के स्थिति पैदा हो गईल बा अवरू अलग-अलग जगह प प्रदर्शन हो रहल बा।

बुडगाम में गुरुवार के सांझ आतंकी चदूरा तहसीलदार कार्यालय के चपरासी राहुल भट्ट के कार्यालय में घुसला के बाद गोली मार देले। मौका प मौजूद लोग उनुका के अस्पताल में भर्ती करवले, जहां उनुकर मौत हो गईल। आजु बियफे का दिने पुलवामा के गुदुरा ​​में एसपीओ रियाज अहमद ठोकर का घर में आतंकी घुस के उनुका पर गोली चला दिहले. अस्पताल में उनुकर मौत हो गईल।
राहुल भट्ट के अंतिम संस्कार में भीड़ जुटल
राहुल भट्ट के अंतिम संस्कार बियफे का सबेरे बंटलाब में करावल गइल. एह दौरान जम्मू के एडीजीपी मुकेश सिंह, डिवीजनल कमिश्नर रमेश कुमार, डिप्टी कमिश्नर अवनी लवसा समेत भारी संख्या में लोग मौजूद रहे। एकरा संगे-संगे लोग भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष रविंद्र रैना के विरोध कईले, जवन कि मौका प पहुंच गईले।
आतंकवादी पूछले – राहुल भट्ट के हउवन आ गोली चला दिहले
राहुल भट्ट के पत्नी मीनाक्षी बतवली कि आतंकवादी आफिस में जाके पूछले कि राहुल भट्ट के हवे अवुरी गोलीबारी कईले। खाली एगो कर्मचारी आतंकियन से मिलल रहे, तब जाके आतंकियन के राहुल के नाम पता चलल रहे। उ बतवले कि राहुल लगातार ट्रांसफर के मांग करत रहले, लेकिन उनुकर बात केहु ना सुनलस। मीनाक्षी सेना से कहली कि दु दिन में अपना पति के हत्यारा के हत्या क दिहल जाए।

250560cookie-checkजम्मू कश्मीर में 24 घंटा में दुगो टारगेट हत्या : अब एसपीओ घर में ढुक के गोली चला दिहलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.