Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जैसलमेर में फूड पॉइजनिंग विस्फोट, व्रत के दौरान इ चीज खईला के बाद 250 लोग अस्पताल पहुंचले

शहर के जवाहर चिकितसाला में लगभग 250 लोग फूड पॉइजनिंग के शिकार हो गईले। शहर के संगे ग्रामीण क्षेत्र के मरीज भी जवाहर चिकितसलया पहुंचले।

186

 

जैसलमेर में फूड पॉइजनिंग विस्फोट, व्रत के दौरान इ चीज खईला के बाद 250 लोग अस्पताल पहुंचले

जैसलमेर : जिला में बुधवार के फूड पॉइजनिंग के बड़ विस्फोट भईल। शहर के जवाहर चिकितसाला में लगभग 250 लोग फूड पॉइजनिंग के शिकार हो गईले। शहर के संगे ग्रामीण क्षेत्र के मरीज भी जवाहर चिकितसलया पहुंचले। जैसलमेर में शायद इ पहिला मामला बा फूड पॉइजनिंग के। इहाँ एतना लोग एकर शिकार हो गईल बाड़े। ए दौरान डॉक्टर के सोझा कर्मचारी के कमी के चलते स्थिति बेकाबू हो गईल। लेकिन कुछ ही देर में सीएमएचओ भी मौका पे पहुंच गईल। एकरा बाद डॉक्टर अउरी नर्सिंग स्टाफ के टीम अगुवाई कईलस।
मिलल जानकारी के मुताबिक जैसलमेर के जवाहर अस्पताल में शाम के करीब पांच बजे से फूड पॉइजनिंग के मामला शुरू भईल। एक-एक करके मरीज आवे लागल, ओकरा बाद लगातार मरीज के संख्या बढ़ल आ देखते देखत मरीज आवत रहल, अस्पताल के वार्ड मरीज से भरल रहे। मरीज के बढ़त संख्या के चलते ट्रॉमा सेंटर के संगे-संगे फूड पॉइजनिंग के मरीज खातीर कोरोना वार्ड भी खोलल गईल बा।
बतावल जाता कि व्रत में खाइल ‘भगर’ (संख) खईला के बाद लोग के स्वास्थ्य बिगड़ गईल बा। इहो जानकारी मिल रहल बा कि कवनो खास ब्रांड ‘मनपसंद’ के ‘भगर’ के सेवन कइला का बाद लोग बेमार पड़ गइल बा. स्वास्थ्य विभाग सभका के चेतवले बा कि फिलहाल ए ब्रांड के ‘भगर’ खाए से परहेज करे के चाही। देवरा, चेलक, रामदेवरा, मोहनगढ़, रामगढ़, रामा, पोकरण रामदेवरा समेत अलग-अलग गांव से भी फूड पॉइजनिंग के मरीज शहर पहुंचल बाड़े।

फूड पॉइजनिंग के चलते स्वास्थ्य बिगड़ गईल
डॉ.राजेन्द्र गिल कहले कि उपवास के चलते विशेष प्रकार के खईला के बाद लोग बेमार हो गईल बाड़े। एकरा चलते उनुका उल्टी, चक्कर आवे अउरी कमजोरी के लक्षण देखाई देता। सबके भर्ती करावल जा रहल बा आ सबके इलाज भी चल रहल बा। उहे जानकारी मिलला पे कोतवाली पुलिस भी मौका पे पहुंच गईल। घटना के संबंध में जानकारी मिलला के बाद पुलिस भी कार्रवाई में जुझ गईल बिया। इहाँ स्वास्थ्य विभाग भी ए बड़ घटना के बाद कार्रवाई में जुझ गईल बा।
खाद्य निरीक्षक प्रवीण चौधरी के नेतृत्व में कार्रवाई भईल बा, शहर में थोक व्यापारी के दोकान पे छापा मारल गईल। खाद्य निरीक्षक के छापामारी के जानकारी मिले से पहिले बहुत दोकानदार दोकान में ताला लगा के अपना घरे गईल रहले। उहे खाद्य निरीक्षक शहर के महाराणा प्रताप मैदान के नजदीक स्थित एगो दोकान पे छापामारी कईले, उहाँ कार्रवाई चलता। जानकारी के मुताबिक मनपसंद नाम के भगर खईला के बाद लोग के स्वास्थ्य बिगड़ गईल। एक्सपायरी डेट रहे कि कवनो दोसर कारण, जांच के बाद एकर खुलासा होई।

 

489530cookie-checkजैसलमेर में फूड पॉइजनिंग विस्फोट, व्रत के दौरान इ चीज खईला के बाद 250 लोग अस्पताल पहुंचले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.