[the_ad_group id="30365"]

अमिताभ बच्चन ok शब्द के बारे में रोचक जानकारी साझा कईले, प्रशंसक कहले – धन्यवाद गुरुदेव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमिताभ बच्चन ok शब्द के बारे में रोचक जानकारी साझा कईले, प्रशंसक कहले – धन्यवाद गुरुदेव

अमिताभ बच्चन अक्सर अपना ट्विटर अउरी इंस्टाग्राम अकाउंट पे प्रशंसक के संगे मजेदार जानकारी साझा करेले। अबकी बेर ऊ ok शब्द के बारे में जानकारी दिहलन जवना पे प्रशंसक अइसहीं प्रतिक्रिया दिहले |

सदी के मेगास्टार अमिताभ बच्चन आपन फिलिम ‘प्रोजेक्ट के’ के शूटिंग का दौरान घवाहि हो गइल रहले आ पसलियन में चोट लागल रहे, आजुकाल्हु अमिताभ बच्चन अपना चोट के इलाज करावत बाड़न आ आराम करत बाड़न| ए दौरान उनुका पैर के उंगली में दर्द के शिकायत भी सोझा आईल बा। ए सभ के बीच अमिताभ बच्चन के ताज़ा ट्वीट के देख के लागता कि शायद अब अमिताभ के हालत पहिले से बेहतर हो रहल बा। अमिताभ ok शब्द के बारे में कुछ रोचक बात ट्वीट क के शेयर कईले बाड़े अवरू प्रशंसक भी एकरा पे बहुत टिप्पणी कईले बाड़े।

अमिताभ बच्चन अपना ताज़ा ट्वीट में लिखले कि, ’23 मार्च के ‘ok’ शब्द 184 साल पुरान हो जाई?? एकर पहिली बेर इस्तेमाल 1839 में बोस्टन मॉर्निंग पोस्ट में भइल। “सब सही!!” के संक्षिप्त रूप। .. या जइसे उच्चारण भइल रहे तब .. ” ओल कोरेक्ट ” अमिताभ के एह रोचक जानकारी से भरल ट्वीट पर उनुकर प्रशंसक खुब टिप्पणी क रहल बाड़े| कमेंट करत एगो फैन लिखले, धन्यवाद गुरुदेव, बहुत जरूरी जानकारी। जबकि एगो अउरी प्रशंसक लिखले, धन्यवाद सर, रउआ के जल्दी ठीक होखे के कामना करत बानी जा|

आईं बता दीं कि हालही में अमिताभ बच्चन अपना ब्लॉग में लिखले बाड़न कि पसलियन के दर्द अबहियों बा| एकरा संगे पंजा के एगो समस्या पसली से जादे दर्द देवे लागल बा। बिग बी बतवले कि उनुका कैलस के नीचे फफोला बन गईल बा, जवना से बहुत दर्द हो रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]