Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नयका साल पs गोरखपुर एयरपोर्ट पs तनी महंग होई उड़ान, 100 रुपया क्यूट चार्ज के नाम से असुलिहें सब विमान कम्पनी

916

नयका साल में गोरखपुर एयरपोर्ट से उड़ान 100 रुपया प्रति यात्री महंग हो सकsता। एकरे खातिर तैयारी शुरू हो गइल बा। एसआईटीए सॉफ्टवेयर गोरखपुर एयरपोर्ट पर इंस्टाल होइतही विमान कंपनी सब 100 रुपया क्यूट चार्ज के नाम से वसूली हालांकि विमान कंपनियन के कहनाम बा कि ई पइसा उनके खाता में नाइ, बलुक साफ्टवेयर कम्पनी के खाता में जाई। ई कंपनी एह पइसा के एयरपोर्ट अथॉरिटी लगे भेजी।

एयरलाइन के ओर से यात्रियन से टिकट पs असूलल गइल क्यूट चार्ज के ले के सोशल मीडिया पs बहस शुरू हो गइल बा। सोशल मीडिया पर कहल जा रहल बा कि अब ऊ दिन दूर नाइ बा जब सुरक्षा फीस, ग्राउंड स्टाफ, बोर्डिंग पास फीस, पायलट अउर सहपायलट सेवा खातिर फीस एयर होस्टेस सेवा, जल आपूर्ति फीस, शौचालय सेवा फीस, ट्राली सेवा फीसो असूलल जाई।

अभिन क्यूट के नाम पs बेसी पइसा के असूली दिल्ली, मुंबई, हैदराबाद, बंगलुरू अउर कलकत्ता जइसन एयरपोर्ट पs हो रहल बा। गोरखपुर में सिता साफ्टवेयर न अइले के वजह से गोरखपुर से दुसरे शहर जाए वाले यात्रियन के अभिन 100 रुपया नाइ देवे के बा लेकिन अगिले साल जनवरी से फरवरी के बीच जब साफ्टवेयर गोरखपुर एयरपोर्ट पs लांच हो जाई त हर यात्री के फिक्स 100 रुपया किराया देवे के पड़ी।

का होला क्यूट चार्ज

विमान कम्पनी के एगो मैनेजर बतवलें कि एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया यात्रियन से फीस असूलsला, जेकर माने होला ‘कॉमन यूजर टर्मिनल इक्विपमेंट’। ई फीस एयरपोर्ट में मेटल डिटेक्शन मशीन, एस्केलेटर अउर दूसर उपकरण के इस्तेमाल खातिर लिहल जाला।

389230cookie-checkनयका साल पs गोरखपुर एयरपोर्ट पs तनी महंग होई उड़ान, 100 रुपया क्यूट चार्ज के नाम से असुलिहें सब विमान कम्पनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.