Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

GST: ऑनलाइन गेमिंग पर 28% जीएसटी असूलल जाई, वित्त मंत्रियन के समूह जल्दी कs सकsता सिफारिश

860

राज्यन के वित्त मंत्रियन के पैनल ऑनलाइन गेमिंग पर 28 फीसदी के एकसमान जीएसटी लगावे के सिफारिश कs सकsता। भले ही ई कौशल के खेल चाहे मौका के खेल ही काहें न होखे। हालांकि, ओ राशि के गणना खातिर एगो संशोधित सूत्र के सुझाव देहले के भी संभावना बा, जेपर ‘वस्तु एवं सेवा कर’ (GST) लगावल जाई।

अभिन ऑनलाइन गेमिंग पर 18 फीसदी जीएसटी लागsला। कर सकल गेमिंग राजस्व पर लगावल जाला, जौन कि ऑनलाइन गेमिंग पोर्टल्स के ओर से लिहल जाए वाला शुल्क ह। सूत्रन के कहनाम बा कि ऑनलाइन गेमिंग पर जीएसटी दर बढ़ावे खातिर जीओएम के रिपोर्ट लगभग तैयार हो चुकल बा अउर जल्दिए एके जीएसटी परिषद के समक्ष विचार खातिर प्रस्तुत कइल जाई।

मेघालय के मुख्यमंत्री कोनराड संगमा के अध्यक्षता वाले मंत्रियन के समूह (जीओएम) जून में परिषद के सौंपल गइल आपन पिछला रिपोर्ट में ऑनलाइन गेमिंग (चाहे ऊ गेम ऑफ लक होखे चाहे गेम ऑफ स्किल, एकर भेद कइले बिना) के कुल राशि जेमें ओकर इंट्री फी भी शामिल बा, पर 28 प्रतिशत जीएसटी वसूले के सुझाव दिहले रहनें। हालांकि, परिषद जीओएम (Group of Ministers) से आपन रिपोर्ट पर पुनर्विचार करे के कहले रहे।

एकरे बाद जीओएम एह विषय पर अटॉर्नी जनरल के भी विचार लिहलें अउर ऑनलाइन गेमिंग उद्योग के हितधारकन से भी मुलाकात कइलें। हालांकि जीओएम ‘कौशल के खेल’ अउर ‘मौका के खेल’ खातिर अलग-अलग परिभाषा पर विचार-विमर्श कइलें, लेकिन अंतत: दूनों पर 28 प्रतिशत जीएसटी लगवले के निर्णय लिहल गइल।

388470cookie-checkGST: ऑनलाइन गेमिंग पर 28% जीएसटी असूलल जाई, वित्त मंत्रियन के समूह जल्दी कs सकsता सिफारिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.