Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Income Tax : अब घर बइठल एक्‍सपर्ट के साथे मिलके भरल जा सकी रिटर्न, इनकम टैक्‍स पोर्टल पs ‍जबरदस्त फीचर

आयकर विभाग अपना आधिकारिक वेबसाइट e-filing पs को-ब्राउजिंग फीचर लांच कइले बा। एकरा मदद से रियल टाइम में करदाता अपना एक्‍सपर्ट के संगे जुड़के ओकरा से मदद ले सकी लो। 

1,064

आयकर विभाग अपना आधिकारिक वेबसाइट e-filing पs को-ब्राउजिंग फीचर लांच कइले बा। एकरा मदद से रियल टाइम में करदाता अपना एक्‍सपर्ट के संगे जुड़के ओकरा से मदद ले सकी लो।

ई फीचर आईटीआर भरे वालन के अपना एक्‍सपर्ट भा सीए से सीधे आ व्‍यक्तिगत तौर पs कनेक्‍ट होखे के सुविधा देला। एकरा से करदाता घर बइठले अपना सीए भा सलाहकार से बात कs सकी लो। राउर एक्‍सपर्ट साइट पs टाइप, स्‍क्रॉल समेत आउर सब काम कs सकी आ रउआ आपन डाइरेकसनो दे सकत बानी।

को ब्राउजिंग फीचर के माध्यम से करदाता लाइव चैट आ फोन कॉल्‍स पs अपना एक्‍सपर्ट आ सीए के सलाह ले सकी लो। सबसे खास बात ई बा कि एह फीचर के माध्यम से दूर बइठल आदमियो रियल टाइम में अपन एक्‍सपर्ट के सलाह से इनकम टैक्‍स पोर्टल पs आईटीआर भर सकत बा।

एह फीचर में फॉर्म भरे, सेटिंग चेंज करे, ट्रांजेक्‍शन कंप्‍लीट करे आ डॉक्‍यूमेंट अपलोड करे के सुविधो मिली। को-उजिंग करे वाला एजेंट भा सीए इनकम टैक्‍स पेयर के डेस्‍कटॉप भा लैपटॉप पs आउर कवनो जानकारी ना देख पाएम। टैक्‍सपेयर जब चाहे एह सुविधा के इस्‍तेमाल कइल बंद कs सकत बा।


एह फीचर के इस्‍तेमाल करे वाला दुनुए पक्ष के कवनो तीसरा ऐप के डाउनलोड करे भा आउर कवनो थर्ड पार्टी एप्‍लीकेशन के मदद लेला के कवनो जरूरत नइखें। हालांकि, ई स्‍क्रीन शेयरिंग से अलग होई। एमे एजेंट भा एक्‍सपर्ट के करदाता के पूरा स्‍क्रीन ना लउकी, बलुक खाली एक्टिव विंडो लउक सकी।

390210cookie-checkIncome Tax : अब घर बइठल एक्‍सपर्ट के साथे मिलके भरल जा सकी रिटर्न, इनकम टैक्‍स पोर्टल पs ‍जबरदस्त फीचर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.