Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रामगढ़ताल में मछरी मरले पर रोक, तब्बो मार रहल बा लोग

148

बिना अनुमति के रामगढ़ताल में मछली मारे वालन पर एफआईआर दर्ज करावे खातिर गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) एक दिसंबर के रामगढ़ताल, कैंट अउर खोराबार थाना में तहरीर दिहले रहल। बावजूद एकरे ताल में अवैध तरीका से मछली मारे के खेल बंद नाइ भइल। मंगर के बिहाने रामगढ़ताल रेलवे कॉलोनी के पास, वाटर स्पोर्ट्स कांप्लेक्स के सामने अउर महादेव झारखंडी क्षेत्र के तरफ आठ से 10 नाव के मदद से मछरी मारल जात रहे।

ताल में मछरी मारे खातिर प्राधिकरण 21 नवंबर 2022 के टेंडर निकलले रहे। 20 दिसंबर आवेदन के आखिरी तारीख रहल। 22 दिसंबर के नीलामी फाइनल होखे के रहल। मगर अब आवेदन के तिथि बढ़ा के 31 दिसंबर कs दीहल गइल। चार जनवरी के नीलामी पर अंतिम मुहर लागी।

ताल में टेंडर फाइनल होखले तक मछली मरले पs जीडीए रोक लगवले बा लेकिन सख्ती नाइ होखले के वजह से मछली मारे के काम बंद नाइ हो रहल बा। एक दिसंबर के जीडीए सचिव उदय प्रताप सिंह के तरफ से तीन थाना के प्रभारी निरीक्षकन के भेजल गइल।

बिना अनुमति के मछरी मारल एकदम अवैध बा। तहरीर के बादो मछली मारले पर जीडीए के कहनाम कि एह संबंध में पुलिस के कार्रवाई खातिर कहल गइल बा जबकि पुलिस के कहनाम बा कि औचक निरीक्षण कइल जाsता। कौनहू मछली मारत मिलल त कार्रवाई होई।

423190cookie-checkरामगढ़ताल में मछरी मरले पर रोक, तब्बो मार रहल बा लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.