केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह लेह-लद्दाख आ जम्मू-कश्मीर पs बैक-टू-बैक करिहें हाई लेवल मीटिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2022

Amit Shah: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज सांझ लेह-लद्दाख, जम्मू-कश्मीर पs उच्च स्तरीय बइठक करिहें। शीर्ष सरकारी सूत्र कहलें कि केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह बुध के सांझ के लेह-लद्दाख आ जम्मू-कश्मीर पs दु

Share

Amit Shah: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज सांझ लेह-लद्दाख, जम्मू-कश्मीर पs उच्च स्तरीय बइठक करिहें। शीर्ष सरकारी सूत्र कहलें कि केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह बुध के सांझ के लेह-लद्दाख आ जम्मू-कश्मीर पs दु गो बैक-टू-बैक उच्च स्तरीय बइठक करे वाला बाड़ें।

सूत्र न्यूज एजेंसी ANI के बतावल कि लेह-लद्दाख पs बइठक दुपहरिया 3 बजे आ जम्मू-कश्मीर के बैठक सांझ के करीब 4 बजे होई। गृह मंत्रालय के नॉर्थ ब्लॉक कार्यालय में होखे वाला बइठकन में दुनो केंद्र शासित प्रदेश लद्दाख आ जम्मू-कश्मीर के उपराज्यपाल सामिल होइहें।

संघ शासित प्रदेशन के सीनियर अधिकारियो रही लो मवजूद

उपराज्यपाल के अलावे, गृह सचिव अजय भल्ला आ गृह मंत्रालय आ दुनों संघ शासित प्रदेशन के वरिष्ठ अधिकारियो बैठक में उपस्थित रही लो। सूत्रन के अनुसार दुनो केंद्रशासित प्रदेशन में विकास परियोजनन के संगे-संगे सुरक्षा संबंधी ममिलन आ आउर मुद्दन पs बइठकन में चरचा कइल जाई।

इहो उम्मीद बा कि दुनो केंद्र शासित प्रदेशन के कोविड के खतरा के मद्देनजर जरुर डेग उठावे के सलाह दिहल जाई। संघ शासित प्रदेशन के सुझाव दिहल जाई कि उ आपन चिकित्सा वस्तुअन के बढ़ावा देवे आ जरूरत के मोताबिक उनका के किने आ सक्रिय होखे खातिर सबे ग्राम निगरानी समितियन में संदेश प्रसारित करे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.