[the_ad_group id="30365"]

शराबकांड में गिरफ्तार कैदी कोर्ट से भइल फरार: हथकड़ी छोड़ाके भागल बदमाश, पीछे दउरत रहे चौकीदार; CCTV में वारदात कैद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण शराबकांड में गिरफ्तार बदमाश कोर्ट परिसर से फरार हो गइल। बदमाश के भागे के घटना पास में इस्थित एगो दुकान में लागल सीसीटीवी में कैद हो गइल। घटना अतवार साँझ के हs। कैदी के शराबकांड में कोर्ट में पेशी खातिर ले आवल गइल रहे। एही दौरान चौकीदार से हथकड़ी छोड़ाके कैदी भाग गइल। ओकरा पीछे-पीछे चौकीदार दउरत रहे। चौकीदार के कंप्लेन पs फरार कैदी के विरुद्ध FIR दर्ज कइल गइल बा।

फरार कैदी के पहचान मसरख थाना क्षेत्र के कर्ण कुदरिया निवासी देव कुमार महतो के रूप में भइल बा। ऊ शराब ममिला में पुलिस के गिरफ्त में आइल रहे। देव कुमार के अतवार के सांझ के पेशी खातिर न्यायालय में ले जाइल गइल रहे। एही दौरान ऊ पुलिसकर्मियन के चकमा देके न्यायालय परिसर से फरार हो गइल। भागत घरी परिसर के बाहर एगो दुकान में लागल सीसीटीवी कैमरा में पूरा वारदात रिकॉर्ड हो गइल।

पीछे दउरत रहे चौकीदार, बाकिर ना आइल गिरफ्त में

जारी वीडियो में साफ तौर पs देखल जा सकत बा कि लाल जैकेट पहिनले कैदी आगे-आगे भाग रहल बा। ओहिजा पीछे से पुलिसकर्मी ओकर पीछा कर रहल बा। बाकिर कैदी पुलिसकर्मियन के पकड़ में इखे आ सकल। कैदी भागे के ममिला में स्थानीय छपरा नगर थाना में चौकीदार द्वारा प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। फिलहाल मसरख थाना आ नगर थाना के पुलिस फरार कैदी के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कर रहल बिया।

लापरवाही के लेके चौकीदार के खिलाफ होई कार्रवाई

घटना के बारे में जानकारी देत मशरक थाना अध्यक्ष राजेश चौधरी बतवलें कि चौकीदार के गिरफ्त से कैदी के भागे के  ममिला घटित भइल बा। जवना के खातिर नगर थाना में कांड संख्या 570/ 22 पंजीकृत करा दिहल गइल बा। लापरवाह चौकीदार के खिलाफ कार्रवाई खातिर पुलिस अधीक्षक के रिपोर्ट भेजल गइल बा। फरार कैदी द्वारा शातिराना अंदाज में हथकड़ी से हाथ निकालके भागे के बात चौकीदार द्वारा बतावल गइल बा। फरार व्यक्ति के शराब कांड में मसरख थाना क्षेत्र के करण कुदरिया से गिरफ्तार कइल गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]