Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत-न्यूजीलैंड के बीच पहिला टी20 मैच रद्द, बारिश के वजह से टॉसो नाइ हो पावल

587

वेलिंग्टन में भारी बारिश के वजह से भारत अउर न्यूजीलैंड के बीच पहिले टी20 कs रद्द कs दिहल गइल बा। बारिश के वजह से टॉस भी नाइ हो पवलस। अइसे में अंपायर लोग मैच के रद्द करे के फैसला लिहलें। स्थानीय मौसम विभाग के मुताबिक, अगिले चार-पांच घंटा ले बारिश रुकले के कौनो संभावना नाइ बा।

हालांकि, कट ऑफ टाइम से पहिलही ई फैसला लिहल गइल बा। कट ऑफ टाइम भारतीय समयानुसार दू बज के 16 मिनट रहल। उहवें सुबह साढ़े 11 बजे टॉस होखे के रहल, जौन कि नाइ हो सकल। मैच शुरू दूपहर 12 बजे होखे के रहल, लेकिन उहो नाइ हो सकल। दूनों कप्तान लोग हाथ मिला के मैच के रद्द करे के फइसला पs सहमति जतवलें।

अब भारत अउर न्यूजीलैंड के टीम 20 नवंबर के सीरीज के दूसरे टी20 में आमने-सामने आई। ई मैच माउंट माउंगानूई में खेलल जाई। उहवें, तीसरा टी20 नेपियर में 22 नवंबर के खेलल जाई। एकरे बाद 25 नवंबर से वनडे सीरीज के शुरुआत होई। पहिला वनडे 25 के ऑकलैंड, दूसरा वनडे 27 नवंबर के हैमिल्टन अउर तीसरा वनडे 30 नवंबर के क्राइस्टचर्च में खेलल जाई।

384540cookie-checkभारत-न्यूजीलैंड के बीच पहिला टी20 मैच रद्द, बारिश के वजह से टॉसो नाइ हो पावल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.