Big Breaking: चेयरमैन चेतन शर्मा समेत पूरा सिलेक्शन कमेटी के बर्खास्त कइलस बीसीसीआई

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2022

खेल डेस्क(खबर भोजपुरी): भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) चेयरमैन चेतन शर्मा समेत पूरा सिलेक्शन कमेटी के बर्खास्त क देले बा। ई फसीला टी20 वर्ल्ड कप में टीम के सेमीफाइनल में भइल शर्मनाक विदाई के बाद

Share

खेल डेस्क(खबर भोजपुरी): भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) चेयरमैन चेतन शर्मा समेत पूरा सिलेक्शन कमेटी के बर्खास्त क देले बा। ई फसीला टी20 वर्ल्ड कप में टीम के सेमीफाइनल में भइल शर्मनाक विदाई के बाद लिहल गइल बा। एह कड़ी में क्रिकेट बोर्ड 5 सदस्य चयन समित के बर्खास्त क देले बा।

बता दीं कि चयन समिति के चेयरमैन पूर्व क्रिकेटर चेतन शर्मा रहले। एकर आउर सदस्यन में पूर्व क्रिकेटर सुनील जोशी, देवाशीष मोहंती, हरविंदर सिंह रहे लो। भारतीय क्रिकेट इतिहास में ई पहिला बेर बा कि टीम के खराब प्रदर्शन के बाद चयनकर्ता लोगन प कवनो बड़ कार्रवाई भइल होखे।

गौर करे आला बात बा कि भारत रोहित शर्मा के कप्तानी में सेमीफाइनल में त पहुंचल बाकिर ओकरा इंग्लैंड के हाथन 10 विकेट से शर्मनाक हार के सामना करे के पड़ल रहे। तब टीम के सलेक्शन प खेल के प्रशंसक लोग सवाल उठवले रहे। सेमीफाइनल में टीम के तरफ से जीत के जज्बा के साफ कमी लउकल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.