Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत बनाम न्यूजीलैंड प्लेइंग 11: भारत के युवा टीम के सामना न्यूजीलैंड से, प्लेइंग-11 में दिख सकsतने पंत, सैमसन अउर किशन

762

टी-20 विश्वकप के सेमीफाइनल में हार के बाद हार्दिक पंड्या के कप्तानी में भारत के युवा टीम सुक्क से वेलिंगटन में शुरू होखे वाली तीन टी-20 मैचन के सीरीज में छाप छोड़े के बेताब होई। भारतीय टीम पिछले 2 साल में टी-20 प्रारूप के 2 विश्वकप खेलले बा लेकिन गलतियन से सबक नइखे सिखले। साल 2021 में यूएई में भइल विश्वकप में टीम पहिले दौर में बाहर हो गइल रहे। अब ऑस्ट्रेलिया में भइल टी-20 विश्वकप में टीम सेमीफाइनल में दस विकेट से हार के खिताब पर कब्जा करे से वंचित रह गइल।

शीर्ष क्रम आक्रामक खेल दिखावे में विफल रहल। पिछले नौ साल से टीम आईसीसी के कौनो ट्रॉफी नाइ जीत पवले बा। टी-20 के अगला विश्व कप अभिन दू साल दूर बा, अइसे में युवा लोग के मौका देवे खातिर पर्याप्त समय भी बा। एह सीरीज में नियमित कप्तान रोहित शर्मा के विश्राम दिहल गइल बा। हेड कोच राहुल द्रविड़ के भी एह दौरा में सफेद गेंद से खेले जाए में सीमित ओवर के छह मैच में आराम दिहल गइल बा।

कार्यवाहक कोच वीवीएस लक्ष्मण संकेत दिहले बानें कि आधुनिक खेल के जरूरत के देखत टीम प्रबंधन टी-20 के विशेषज्ञ क्रिकेटर के ही मौका देहल चाहsता। हालांकि अगिले साल होखे वाले वनडे विश्वकप के देखत बाद में फोकस बदल सकsता। भारतीय टीम तीन टी-20 इहां खेली अउर वनडे विश्वकप से पहिले नौ अउर मुकाबलन में उतरी।

दूनों टीमन के संभावित प्लेइंग-11

न्यूजीलैंड: फिन एलेन, डेवोन कॉनवे (विकेटकीपर), केन विलियमसन (कप्तान), ग्लेन फिलिप्स, डेरेल मिचेल, जेम्स नीशम, मिशेल सेंटनर, टिम साउदी, एडम मिल्ने, लॉकी फर्ग्यूसन, ब्लेयर टिकनर।

भारत: शुभमन गिल, ईशान किशन, संजू सैमसन, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दीपक हुड्डा/वॉशिंगटन सुंदर, भुवनेश्वर कुमार, युजवेंद्र चहल, अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक

384000cookie-checkभारत बनाम न्यूजीलैंड प्लेइंग 11: भारत के युवा टीम के सामना न्यूजीलैंड से, प्लेइंग-11 में दिख सकsतने पंत, सैमसन अउर किशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.