FIFA World Cup Portugal vs Ghana: क्रिस्टियानो रोनाल्डो रचलें इतिहास, दिग्गजन के पछड़लें, पुर्तगाल घाना के हरवलस 

Share

FIFA World Cup Portugal vs Ghana: कतर के मेजबानी में खेलल जा रहल फीफा वर्ल्ड कप 2022 सीजन में स्टार फुटबॉल क्रिस्टियानो रोनाल्डो आपन पहिला मैच खेले उतरले आपन जादू बिखेर देलें। रोनाल्डो के टीम पुर्तगाल के मुकाबला घाना से भइल। ई मैच बहुते रोमांचक रहल, जेमे पुर्तगाल 3-2 से मैच जीत लेलस।

पुर्तगाल खातिर पहिला गोल रोनाल्डो दगलें। ऊ ई यह गोल 65वां मिनट में पेनल्टी से कइलें। एह गोल के संगही रोनाल्डो इतिहास रच देले बाड़े। ऊ पांच फीफा वर्ल्ड कप सीजन (2006, 2010, 2014, 2018, 2022) में गोल करे वाला दुनिया के पहिला फुटबॉलर बन गइल बाड़े।

मैच में गोल एह तरे भइल 

पहिला गोल: 65वां मिनट में रोनाल्डो ई गोल पेनल्टी से कइलें।

दूसरा गोल: 73वां मिनट में घाना के कप्तान आंद्रे एयू दगलें।

तीसरा गोल: 78वां मिनट में पुर्तगाल के ब्रूनो फर्नांडीस गोल कइलें।

चउथा गोल: 80वां मिनट में पुर्तगाली राफेल लियाओ गोल दगलें।

पांचवां गोल: 89वां मिनट में घाना के ओसमन बुकारी कइलें गोल।

फीफा रैंकिंग में 9वां नंबर पs बा पुर्तगाल टीम

फीफा के वर्ल्ड रैंकिंग में रोनाल्डो के टीम पुर्तगाल 9वां नम्बर पs काबिज बिया। जबकि घाना 61वां नंबर पs मवजूद ब ।मैच में पुर्तगाल टीम सुरुआत से दबदबा बना के रखले रहे। पहिला हाफ बिना गोल के बराबरी पs रहल रहे। बाकिर दूसरा हाफ में रोनाल्डो आपन कमाल देखवलें। इनका अलावे पुर्तगाल खातिर बाकी दु गोल ब्रूनो फर्नांडीस आ राफेल लियाओ कइल लो।

पहिला हाफ में पुर्तगाल टीम पूरा तरे हावी रहल

पहिला हाफ में पुर्तगाल टीम पूरा तरे से घाना पs हावी रहल। टीम एह हाफ में गोल खातिर 7 बेर कोसिस कइल। एह दौरान दु शॉट तs सीधे गोल करही खातिर दागल रहे, बाकिर घाना के गोलकीपर सानदार प्रदर्शन करत पुर्तगाल के हाथे कवनो सफलता हाथ ना लागे देलें।

पहिला हाफ में पुर्तगाल टीम 70 प्रतिशत बॉल अपना लगे रखलस। जबकि घाना टीम के बॉल पजेशन खाली 30 प्रतिशत रहे। पास एक्यूरेसियो पुर्तगाले के बेस्ट 91 प्रतिशत तक रहे। पहिला हाफ में घाना टीम 11 आ पुर्तगाल 9 फाउल कइल। घाना टीम के एगो येलो कार्डो मिलल।

मैच में पुर्तगाल-घाना के स्टार्टिंग 11

पुर्तगाल टीम: क्रिस्टियानो रोनाल्डो (कप्तान), डिओगो कोस्टा, ब्रूनो फर्नांडीस, बर्नार्डो सिल्वा, रुबेन डियास, राफेल गुरेरो, डेनिलो, जोआओ कैंसिलो, रुबेन नेवेस, जोआओ फेलिक्स आ ओटावियो।

घाना टीम: आंद्रे अयू (कप्तान), लॉरेंस आती, मोहम्मद सालिसु, थॉमस पार्टे, सीदू एलिडू, अब्दुल रहमान बाबा, डेनियल अमार्टे, अलेक्जेंडर जीकू, कुदुस मोहम्मद, सालिस अब्दुल समेद आ इनाकी विलियम्स।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-