Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रोनाल्डो के फैन के फोन तूड़ल पड़ल भारी, दू मैच खातिर भइलें बैन, 50 लाख के जुर्मानो लागल

902

फुटबॉल के दिग्गज अउर मैनचेस्टर यूनाइटेड के पूर्व खिलाड़ी क्रिस्टियानो रोनाल्डो के अपने फैन के फोन तूड़ल महंग पड़ गइल बा। ऊ एही साल एवर्टन में एगो फैन के हाथ से मोबाइल फोन छीन लिहले रहनें अउर ओके तूड़ दिहले रहनें। एह मामिल पर फुटबॉल एसोसिएशन कार्रवाई करत उनका पर 50,000 पाउंड (लगभग 49.43 लाख रुपया) जुर्माना लगावल गइल बा। एकरे अलावा उनका पर दू मैच के प्रतिबंधो लगावल गइल बा।

रोनाल्डो हालही में मैनचेस्टर यूनाइटेड के साथ आपन अनुबंध खत्म कइले बाड़ी। क्लब जानकारी देत मंगर के बतवले रहनें कि दूनों पक्ष आपसी सहमति के बाद ई अनुबंध समय से पहिलही खत्म कs दिहले बा।

का हवे मामला?

एही साल नौ अप्रैल के रोनाल्डो के टीम गुडिसन पार्क में एवर्टन से 1-0 से हार गइल रहे। एकरे बाद रोनाल्डो मैदान से बाहर निकलनें त एगो फैन उनकर वीडियो बनावत रहनें। टीम के हार से खिसियाइल रोनाल्डो के ई पसंद नाइ आइल। ऊ, फैन के मोबाइनल छीना अउर ओके तूड़ दिहलें। एह विवाद के बाद उनका पर एफए अनुचित आचरण के आरोप लगवले बानें। एगो स्वतंत्र पैनल उनके दू मैच खातिर सस्पेंड कइल गइल अउर जुर्मानो लगवलस। एह मामिला पर उनके मर्सीसाइड पुलिस आगाह कइले रहे।

रोनाल्डो भी ई स्वीकार कइलस कि उनकर आचरण अनुचित रहल। ई प्रतिबंध विश्व कप में लागू नाइ होई अउर जब भी ऊ कौनो क्लब में शामिल होइहें त उनके ट्रांसफर कs दिहल जाई, चाहे ऊ कौनो देश में काहे न होखे।

एह घटना के बाद, रोनाल्डो इंस्टाग्राम पर माफी मांगत कहनें, “मुश्किल क्षण में भावना से निपटल कब्बो आसान नाइ होला, जेकर हम सामना कs रहल बानीं। फिर भी, हमनींके हमेशा सम्मानजनक, धैर्यवान रहे के होई अउर ओ सब युवा लोग खातिर उदाहरण स्थापित करे के होई जौन एह खेल के पसंद करेनी। हम अपने गुस्सा खातिर माफी मांगल चाहsता अउर अगर संभव होखे त, हम एह समर्थक के निष्पक्ष खेल अउर खेल भावना के संकेत के रूप में ओल्ड ट्रैफर्ड में एगो मैच देखे खातिर आमंत्रित कइल चाहsतनीं।”

रोनाल्डो आरोप स्वीकार कs लिहलें लेकिन निलंबन से बचे खातिर व्यक्तिगत सुनवाई के अनुरोध कइले रहनें। आठ नवंबर के स्वतंत्र सुनवाई के दौरान, रोनाल्डो कहनें कि ऊ चिंता, अपने शारीरिक सुरक्षा अउर भलाई खातिर अइसन कइले रहनें। मैदान पर एवर्टन के फैंस इकट्ठा हो गइल रहनें अउर उनके खातिर मैदान छोड़ल जरूरी रहल। उनके दावा खारिज करत, पैनल कहनें कि ई “उनके भलाई खातिर डर चाहे चिंता के बजाय निराशा अउर झुंझलाहट के वजह से भइल रहे।” पैनल रोनाल्डो पर तीन मैच पs प्रतिबंध लगावे के एफए के दलील के भी खारिज कs दिहल गइल बा।

पुर्तगाली सुपरस्टार फिलहाल कतर में 2022 फीफा विश्व कप में भाग ले रहल बानें, जहवाँ, उनकर टीम घाना के खिलाफ अपने अभियान के शुरुआत करी।

389880cookie-checkरोनाल्डो के फैन के फोन तूड़ल पड़ल भारी, दू मैच खातिर भइलें बैन, 50 लाख के जुर्मानो लागल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.